स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) घरेलू क्रिकेट के लेके अब सख्त रुख अपना लेले बा। बोर्ड साफ कs देले बा कि मौजूदा भारतीय राष्ट्रीय टीम के हर खिलाड़ी के आवे वाला विजय हजारे ट्रॉफी में कम से कम दुगो मैच खेलल अनिवार्य होई। ई प्रतिष्ठित घरेलू टूर्नामेंट 24 दिसंबर से सुरू हो रहल बा।
दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ 19 दिसंबर के अहमदाबाद टी20 आ 11 जनवरी 2026 से न्यूजीलैंड के खिलाफ सुरू होखे वाला वनडे सीरीज के बीच करीब तीन हफ्ता के गैप बा। एह खाली समय में बीसीसीआई चाहत बा कि सीनियर खिलाड़ी घरेलू क्रिकेट से जुड़ल रहे लाेग।
चयन समिति के साफ निरदेस
अजीत अगरकर के अगुवाई वाली राष्ट्रीय चयन समिति ई निरदेस सीधे खिलाड़ियन तक पहुंचा देले बा। ई फैसला ऑस्ट्रेलिया दौरा में टेस्ट सीरीज के खराब प्रदर्शन के बाद भइल रिव्यू मीटिंग के हिस्सा रहे, जवना में सब फॉर्मेट में घरेलू क्रिकेट के प्राथमिकता देवे के सिफारिश कइल गइल रहे।
रोहित शर्मा आ विराट कोहली पहिलही आपन उपलब्धता के जानकारी दे देले बा लोग। एह लोगन के अलावे शुभमन गिल, जसप्रीत बुमराह, केएल राहुल, हार्दिक पांड्या आ सूर्यकुमार यादव जइसन सीनियर खिलाड़ी लोगन के अपना-अपना राज्य के टीम खातिर कम से कम दुगाे मैच खेले के निरदेस दिहल गइल बा। हालांकि, श्रेयस अय्यर फिटनेस कारणन से फिलहाल एह नियम से बाहर रह सकेलें।
बीसीसीआई अधिकारी के बयान
बीसीसीआई के एगो सीनियर अधिकारी बतवलें कि विजय हजारे ट्रॉफी में कुल 6 राउंड होई। खिलाड़ी आ राज्य संघ आपसी सहमति से तय कs सकेला लोग कि कवना दुगो राउंड में खिलाड़ी खेले लोग। बाकिर बोर्ड साफ कह देले बा कि अब विजय हजारे ट्रॉफी खेलल विकल्प ना रही, ई अनिवार्य होई। छूट खाली ओही खिलाड़ी के मिली, जवना के सेंटर ऑफ एक्सीलेंस अनफिट घोषित करी।
पारिवारिक कारणन से बुमराह घरे लवटले
एही बीच जसप्रीत बुमराह तीसरका टी20 मैच से पहिले निजी कारणन से घरे लवट गइल बाड़ें। सूत्रन के मोताबिक, उनका परिवार के एगो बेहद करीबी सदस्य अस्पताल में भर्ती बाड़ें। हालात सुधरला पs बुमराह चउथा भा पांचवां टी20 में टीम से जुड़ सकेलें।
टी20 वर्ल्ड कप आ न्यूजीलैंड सीरीज के टीम एके दिन होई एलान
आईसीसी के समयसीमा के ध्यान में रखत बीसीसीआई टी20 वर्ल्ड कप आ न्यूजीलैंड के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर टीम के एलान एके दिन करे के तइयारी में बा। उम्मीद बा कि ई घोषणा जनवरी के पहिला हफ्ता में होई आ दुनो सीरीज खातिर टीम एके रही।
Read Also : 16 दिसंबर 2025 के राशिफल









