Mexico Plane Crash : मेक्सिको में इमरजेंसी लैंडिंग के दौरान छत से टकराइल प्राइवेट जेट, 7 लोगन के मौत

By Shweta Supriya

Published on: Dec 16, 2025

सेंट्रल डेस्क। मेक्सिको में इमरजेंसी लैंडिंग के दौरान एगो छोट प्राइवेट जेट भयानक हादसा के शिकार हो गइल। सैन माटेओ एटेन्को इलाका में इमरजेंसी लैंडिंग के कोसिस करत जेट एगो बिजनेस बिल्डिंग के छत से

Share

Private jet crash during emergency landing in San Mateo Atenco, Mexico

सेंट्रल डेस्क। मेक्सिको में इमरजेंसी लैंडिंग के दौरान एगो छोट प्राइवेट जेट भयानक हादसा के शिकार हो गइल। सैन माटेओ एटेन्को इलाका में इमरजेंसी लैंडिंग के कोसिस करत जेट एगो बिजनेस बिल्डिंग के छत से टकरा गइल, जवना के टकराते आग के गोला बन गइल। एह दर्दनाक हादसा में 7 लोग के मौत हो गइल।

जानकारी के मोताबिक, ई प्राइवेट जेट अकापुल्को से उड़ान भरले रहे आ मेक्सिको सिटी से करीब 31 मील पश्चिम में इस्थित टोलुका एयरपोर्ट जात रहे। लैंडिंग से ठीक पहिले तकनीकी परेसानी सामने आइल, जवना चलते पायलट इमरजेंसी लैंडिंग के फैसला लेलस। बाकिर प्लेन एयरपोर्ट से करीब तीन मील दूर एगो इंडस्ट्रियल एरिया में क्रैश हो गइल।

छत से टकराते धइलस जोरदार आग

बतावल जा रहल बा कि प्लेन फुटबॉल मैदान पs उतरे के कोसिस करत रहे, बाकिर नियंत्रण बिगड़ला के चलते पास के एगो बिजनेस बिल्डिंग के मेटल वाली छत से टकरा गइल। टक्कर के बाद जोरदार धमाका भइल आ देखते-देखत भीषण आग लग गइल। आग एतना तेज रहे कि आसपास के इलाका में अफरा-तफरी मच गइल।

हादसा के बाद बरामद भइल 7 शव

मेक्सिको राज्य के नागरिक सुरक्षा समन्वयक एड्रियन हर्नांडेज बतवलें कि विमान में कुल 8 यात्री आ दुगो क्रू मेंबर सवार रहे लोग। हालांकि, कइयन घंटा के रेस्क्यू ऑपरेशन के बादो अभी ले खाली 7 शव बरामद हो सकल बा। एगो व्यक्ति के तलाश जारी बा।

इलाका से 130 लोगन के करावल गइल बाहर

सैन माटेओ एटेन्को के मेयर एना मुनिज मिलेनियो टेलीविजन से बतवलें कि आग लगला के बाद सुरक्षा के नजर से करीब 130 लोगन के आसपास के इमारतन से बाहर निकालल गइल। राहत आ बचाव दल तुरंत मौका पs पहुंच गइल आ आग पs काबू पावे के काम सुरू कइलस।

Read Also: BCCI Big Decision : अब खाली रोहित-कोहली ना, हर मौजूदा भारतीय खिलाड़ी खातिर विजय हजारे खेलल जरूरी

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.