[the_ad_group id="30365"]

16 दिसंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 16/12/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वादशी

रात के 11 बजके 57 मिनट ले,

ओकरा बाद त्रयोदशी।

दिन- मंगर।

स्वाति नक्षत्र

सबेरे के 02 बजके 09 मिनट ले,

ओकरा बाद विशाखा नक्षत्र।

अतिगण्ड जोग

दिन के 01 बजके 22 मिनट ले,

ओकरा बाद सुकर्मा जोग।

कौलव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 17/12/2025

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

रात के 02 बजके 32 मिनट ले।

दिन- बुध।

 विशाखा नक्षत्र

दिन के 05 बजके 11 मिनट ले।

सुकर्मा जोग

दिन के 02 बजके 16 मिनट ले।

गर करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज उर्जा बढ़ल रही, काम में गति मिली। जवन काम अटकल बा, ओकर समाधान मिली। घर-परिवार के संगे तालमेल बना के राखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

धैर्य रखला के जरूरत बा। छोट-छोट बात पs जल्दबाजी मत करीं। आर्थिक इस्थिति ठीक रही। निवेश सोच-समझ के करीं। स्वास्थ्य पs विशेष ध्यान दीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

संचार में सावधान रहीं। गलतफहमी हो सकेला। नौकरी-बेयपार में साझेदारी लाभ दे सकेला। संघतिया लोगन के संगे अच्छा समय बिताईं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज परिवार में खुसी के माहौल रही। धन लाभ के जोग बा। पुरान परियोजना में सफलता मिली। प्रेम भरल जिनगी में मधुरता रही। जतरा के जोग बनत बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

मन में तनाव बढ़ सकेला। निर्णय जल्दी मत लीं। सहकर्मी के सलाह सुनल लाभदायक रही। स्वास्थ्य-विश्राम पs ध्यान दीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज समय बढ़िया बा नया सुरुआत करे खातिर। शिक्षा-प्रशिक्षण में प्रगति आई। आर्थिक लेन-देन में सावधानी बरतल जरूरी बा। संघतिया लोग सहायता करी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज आराम जरूरी बा। ऊर्जा तनी कम महसूस हो सकेला। परिजनन के सहारा मिली। काम समय से पूरा होई। खर्चा जादे हो सकेला, बचत पर ध्यान दीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

करिअर में उछाल आई। वरिष्ठ लोग संतुष्ट रही। कठिन काम में सफलता मिली। भावनात्मक निर्णय से बचीं। स्वास्थ्य ठीक रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बा। उत्साह से आपन काम पूरा करी। आर्थिक योजना पs काम करी। परिवार के खुसी देवे वाला खबर आ सकेला।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मानसिक संतुलन बनाके रखीं। व्यस्त दिन रही। ऑफिस में कार्यभार बढ़ सकेला। निवेश में सोच-समझ के डेग उठाईं।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

सहकर्मी संगे तालमेल जरूरी बा। विवाद से दूर रहीं। धन संबंधी योजना सफल हो सकेला। स्वास्थ्य में हल्का ध्यान दीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज प्रेम-सम्बंध में मधुरता बनी। कला-सौंदर्य में रुचि बढ़ी। आर्थिक मदद मिल सकेला। घर-परिवार के जरूरत पs खरचा बढ़ सकेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]