बरेली। आपन सास आ साला के हत्या करे वाला आरोपी अफसर खान पुलिस मुठभेड़ में मार गिरावल गइल बा। एसएसपी अनुराग आर्य बतवलें कि सोमार के भइल डबल मर्डर के बाद पुलिस के तीन टीम आरोपी के तलाश में लागल रहली सs। मंगर के सबेरे करीब छव बजे इज्जतनगर इलाका में पुलिस आरोपी के घेर लेलस। एह दौरान अफसर खान पुलिस टीम पs गोली चलावे लागल।
पुलिस के जवाबी कार्रवाई में अफसर खान के गोली लागल आ ओकरा के तुरंते जिला अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग ओकर मौत के घोषणा कs देलस। आरोपी के लगे से एगो पिस्टल आ हत्या में इस्तेमाल भइल चाकू बरामद भइल बा। मुठभेड़ स्थल से दस गो खाली खोखा मिलल बा, जवन बता रहल बा कि आरोपी पुलिस पs जबरदस्त फायरिंग कइले रहs। एह मुठभेड़ में दूगो सिपाही घायल हो गइल बा लोग, जिनका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा।
ई रहल पूरा ममिला
इज्जतनगर थाना क्षेत्र के गांव रहपुरा चौधरी में पारिवारिक विवाद सुलझावे खातिर चलत पंचायत के दौरान सोमार के अफसर खान (38) आपन सास आसमां (50), साला आदिल (22) आ पत्नी सायमा (30) पs चाकू से हमला कs देलस। एह घटना में आसमां आ आदिल के मौत हो गइल, जबकि सायमा के हालत अभियाे नाजुक बा। वारदात के बाद आरोपी खून से सनल चाकू लहरावत हवाई अड्डा के ओर भाग गइल रहे। पुलिस ओकरा तलाश में तीन टीम लगवले रहे।
प्रेम बियाह के बाद से चलत रहे विवाद
अफसर खान, जवन ई-रिक्शा/एंबुलेंस चालक रहे, ऊ 2017 में आपन चचेरी बहिन सायमा से प्रेम विवाह कइले रहे। दुनो के दूगो लईका बा- फैज (8) आ आइशा (5)। परिवार के लोगन के माेताबिक, घर खरचा के लेके दुनो में अक्सर झगड़ा होत रहे। अफसर नशा करे के आदी रहे आ अक्सर सायमा से मारपीट करत रहे।
अतवार के सायमा पुलिस के 112 नंबर पs फोन कs के मदद मंगले रहे, बाकिर पुलिस खास कार्रवाई ना कइलस। बाद में मोहल्ला में पंचायत बुलावल गइल, जहां बात बढ़ गइल।
चप्पल से सुरू भइल झगड़ा
पंचायत के दौरान बहस तेज हो गइल आ साला आदिल, अफसर के चप्पल मार देलस। एह पs गुस्साइल अफसर आपन कमर से चाकू निकाल के सास, साला आ पत्नी पs ताबड़तोड़ हमला कs देलस आ उहां से भाग गइल।
पहिलहूं कs चुकल रहे हत्या
जानकारी के मोताबिक, अफसर खान 16 बरिस के उमिर में 2004 में आपन मामी के संगे मिलके मामा जाकिर खान के हत्या कइले रहे। ओह समय ओकरा पs मामी से संबंध के आरोप लागल रहे। बाद में 2015 में हाईकोर्ट से जमानत पs ऊ बाहर आइल रहे।
Read Also: Bhojpuri Award : ‘दुलहिनिया नाच नचावे’ खातिर मनोज भावुक के मिलल बेस्ट लिरिसिस्ट अवॉर्ड








