Indian Railways News: बरौनी-नई दिल्ली ट्रेन निरस्त, सात ट्रेनन के रास्ता बदलल
पूर्व मध्य रेलवे के बरौनी स्टेशन पs नया लूप लाइन के निर्माण के काम खातिर 2 से 5 दिसंबर तक प्री-नॉन इंटरलॉक कार्य आ 6 से 8 दिसंबर तक नॉन इंटरलॉक कार्य करावल जाई। एकरा खातिर रेल प्रशासन यातायात ब्लॉक देले बा। जवना के चलते ट्रेनन के संचालन प्रभावित रही।
एह ट्रेनन के कइल गइल निरस्त
- बरौनी से 4 से 8 दिसंबर तक चले वाली बरौनी-नई दिल्ली एक्सप्रेस विशेष गाड़ी।
- नई दिल्ली से 5 से 9 दिसंबर तक चले वाली नई दिल्ली-बरौनी विशेष गाड़ी।
एह ट्रेनन के होई शार्ट टर्मिनेशन
- ग्वालियर से 6 आ 7 दिसंबर के चले वाली ग्वालियर-बरौनी एक्सप्रेस छपरा में यात्रा समाप्त करी।
- बांद्रा टर्मिनस से 3 से 5 दिसंबर तक चले वाली बांद्रा टर्मिनस-बरौनी एक्सप्रेस मुजफ्फरपुर में यात्रा समाप्त करी।
एह ट्रेनन के शार्ट ओरिजिनेशन होई
- बरौनी से सात आ 8 दिसंबर के चले वाली बरौनी-ग्वालियर एक्सप्रेस छपरा से चलावल जाई।
- बरौनी 6 से 8 दिसंबर तक चले वाली बरौनी-बांद्रा टर्मिनस एक्सप्रेस मुजफ्फरपुर से चलावल जाई।
एह ट्रेनन के होई मार्ग परिवर्तन
- सहरसा से 6 से 8 दिसंबर तक चले वाली सहरसा-नई दिल्ली एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग खगड़िया-नरहन-समस्तीपुर-मुजफ्फरपुर के रास्ते चलावल जाई।
- कटिहार से 5 से 7 दिसंबर तक चले वाली कटिहार-अमृतसर एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग खगड़िया-नरहन-समस्तीपुर के रास्ते चलावल जाई।
- अमृतसर से 5 से 7 दिसंबर तक चले वाली अमृतसर-कटिहार एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग समस्तीपुर-नरहन-खगड़िया के रास्ते चलावल जाई।
- नाहरलागुन से 6 दिसंबर के चले वाली नाहरलागुन-आनंद विहार टर्मिनस एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग खगड़िया-नरहन-समस्तीपुर-मुजफ्फरपुर-हाजीपुर के रास्ते चलावल जाई। जाएगी।
- सहरसा से 7 दिसंबर के चले वाली सहरसा-आनंद विहार टर्मिनस एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग खगड़िया-नरहन-समस्तीपुर-मुजफ्फरपुर के रास्ते चलावल जाई।
Comments are closed.