इसुआपुर: सड़क दुर्घटना में बैंक के सर्विस मैनेजर के मौत

Share

प्रितम सिंह, इसुआपुर: भारतीय स्टेट बैंक शामकौरिया में कार्यरत 40 वर्षीय सर्विस मैनेजर सुनील कुमार के असामयिक मौत सोमार के देर साँझ सड़क दुर्घटना में हो गइल। ऊ बैंक के काम देर साँझ ले निपटा के मोटरसाइकिल से मढ़ौरा इस्थित अपना किराया के मकान में जात रहस, कि एही बीच गोविंदापुर गांव के लगे डबरा नदी प बनल पुल के टर्निंग प गहरा खाई में गिर गइलें। जहां से स्थानीय स्तर प इलाज के बाद उनका के पटना के रुबन अस्पताल ले जाइल गइल। जहां उनकर मौत हो इल।

स्थानीय लोग आ बैंक कर्मी लोग बतावल लोग कि गोविंदापुर इस्थित डबरा नदी प बनल ऊंच पुल जानलेवा बा। पुल के दुनो तरफ टर्निंग प गहिराह गड़हा बाड़ी स। जवना से उहां आइल दिन दुर्घटनना होत रहेला। एकरा के लोग निर्माण कंपनी के ठेकेदार के घोर लापरवाही बता रहल बा।

सर्विस मैनेजर सुनील कुमार दु महीना पहिलही एह बैंक में ज्वाइन कइले रहस आ मढ़ौरा में परिवार राखके लईकन के पढ़ावत रहस। दिवंगत बैंक कर्मी के पत्नी, 10 साल के लईका आ 7 साल के लईकी के रो-रो के बुरा हाल बा। ओह लोगन प दुखन के पहाड़ टूट पड़ल बा।

मंगर के बैंक कर्मियन द्वारा दु मिनट के मौन रखके मृतात्मा के शांति हेतु ईश्वर से प्रार्थना कइल लो। ओहिजा ब्रांच मैनेजर राजीव रंजन रवि, क्षेत्र अधिकारी राकेश कुमार,बैंक कर्मी रविशंकर, महेश राय, प्रदीप कुमार झा, अवधेश कुमार, प्रदीप श्रीवास्तव, राजीव रंजन कुमार, अर्जुन कुमार, शिक्षक नेता अशोक कुमार यादव ओम प्रकाश गुप्ता सुरेंद्र राम मुनीलाल राय आ आउर लोग परिजनन के प्रति आपन शोक संवेदना व्यक्त कइले बा लो आ है शोक संतप्त परिजनन के ढ़ाढ़स बंधवले बा लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-