बैंक ऑफ बड़ौदा के होम लोन 0.25% सस्ता, यूनियन बैंक से कर्जा लेहल पड़ी महंग

Share

बैंक ऑफ बड़ौदा (बीओबी) होम लोन 0.25 फीसदी सस्ता कs दिहले बा। उहवें, यूनियन बैंक कर्ज के दर 0.30 फीसदी बढ़ा देहले बा। बैंक ऑफ बड़ौदा कहलस, एह कटौती के बाद अब उनके गहकी 8.25 फीसदी पर होम लोन ले सकेंगे। साथ ही सीमित अवधि खातिर प्रोसेसिंग शुल्क भी नाइ देहल होई।
बैंक के दावा बा, उनके होम लोन के दर एसबीआई अउर एचडीएफसी से कम बा। ओंने, यूनियन बैंक ऑफ इंडिया एमसीएलआर में 0.30% बढ़ोत्तरी कइले बा। नयका दर 11 नवंबर से 10 दिसंबर के बीच लागू रही। एह बढ़त के बाद बैंक के 6 महीना के एमसीएलआर 8% हो गइल बा।

पीएनबी : विशेष एफडी पs 7.85% तक के ब्याज

पंजाब नेशनल बैंक (पीएनबी) सुक्क के कहलस, कि ऊ 600 दिन के एगो विशेष फिक्स्ड डिपॉजिट पर सालाना 7.85% तक ब्याज देई। ई विशेष ब्याज दर योजना 19 अक्तूबर 2022 से लागू हो गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-