बैंक FD vs पोस्ट ऑफिस टाइम डिपॉजिट अकाउंट: निवेश करे से पहिले जान लीं कहां पईसा लगावल जादे फायदेमंद, समझीं पूरा गणित

Anurag Ranjan

सरकार पोस्ट ऑफिस के नेशनल सेविंग्स टाइम डिपॉजिट अकाउंट पs मिले वाला ब्याज में बढ़न्ती कइले बिया। 1 साल के टाइम डिपॉजिट पs अब 6.80% के जगह 6.90% ब्याज मिली। 2 साल के टाइम डिपॉजिट पs रेट के 6.9% से बढ़ाके 7% कइल गइल बा।

एह स्कीम में अधिकतम 7.5% तक के ब्याज मिल रहल बा। जवन देस के प्रमुख बैंकन में FD पs मिल रहल ब्याज से जादे  बा। हमनी के रउआ के देस के प्रमुख बैंकन के फिक्स्ड डिपॉजिट (FD) के ब्याज दर आ टाइम डिपॉजिट अकाउंट के बारे में बता रहल बानी सs। ताकि रउआ अपना हिसाब से सही जगह निवेश कs के जादे फायदा कमा सकी।

नेशनल सेविंग्स टाइम डिपॉजिट अकाउंट में मिल रहल बा 7.5% तक के ब्याज

  • ई एक तरे के FD हs। एमे एगो तय अवधि खातिर निवेश कs के रउआ निश्चित रिटर्न पा सकत बानी।
  • टाइम डिपॉजिट अकाउंट 1 से 5 साल तक के खातिर 6.9% से 7.5% तक ब्याज दर के पेशकश करेला।
  • एमे 1000 रुपिया के मिनिमम निवेश करे के होला। ओहिजा अधिकतम निवेश के कवनो सीमा नइखे।

केतना समय में पईसा होई डबल?

नेशनल सेविंग्स टाइम डिपॉजिट अकाउंट: एमे अधिकतम ब्याज 7.5% मिल रहल बा। अइसन में रूल 72 के अनुसार जदि रउआ एह स्कीम में पईसा लगावत बा तs पईसा के डबल होखे में 9 साल 6 महीना के समय लागी।

फिक्स्ड डिपॉजिट: देस के प्रमुख बैंक FD पs अधिकतम ब्याज 7% दे रहल बा। अइसन में रूल 72 के अनुसार जदि रउआ एह स्कीम में पईसा लगावत बानी तs पईसा के डबल होखे में 10 साल 3 महीना के समय लागी।

5 साल खातिर निवेश करे पs मिलत बा टैक्स छूट के फायदा

टाइम डिपॉजिट स्कीम आ FD में 5 साल खातिर निवेश कइला पs इनकम टैक्स एक्ट 1961 के सेक्शन 80C के तहत टैक्स छूट के फायदा ले सकत बा लो। एकरा तहत 1.50 लाख रुपिया तक के निवेश पs रउआ इनकम टैक्स छूट के फायदा ले सकत बानी।

का हs रूल ऑफ 72?

फाइनेंस के ई खास नियम हs रूल ऑफ 72। एक्सपर्ट्स एकरा के सबसे सटीक रूल मानेला लो, जवना से ई तय कइल जाला कि रउआ निवेश कितना समय में डबल हो जाई। एकरा के रउआ अइसे समझ सकत बानी कि जदि रउआ बैंक के एगो खास स्कीम के चयन कइले बानी, जहां रउआ सालाना 8% ब्याज मिलत बा। अइसन में रउआ रूल ऑफ 72 के तहत 72 में 8 के भाग देवे के होई। 72/8=9 साल, माने एह स्कीम के तहत राउर पईसा 9 साल में दोगुना हो जाई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।