Bank Account के संगे कहीं रउओ तs नइखी कs रहल ई गलती, अइसे करीं आपन खर्च आ बचत के मैनेज

Share

बैंक अकाउंट के लेके हर केहू के मन में सवाल आवेला कि कव गो बैंक अकाउंट रखे के चाहीं। का एगो बैंक अकाउंट रखे के फैसला सही बा भा फेर एक से जादे अकाउंट रखे में फायदा बा।

एगो बैंक अकाउंट रखे के नुकसान आ फायदा 

फायदा

अगर एगो फायदा के बात करीं तs एगो बैंक अकाउंट रखे के बहुत सारा लाभ बा। एकर सबसे बड़ फायदा ई बा राउर लेनदेन एके जगह पs रहेला आ कवनो लेनदेन के देखे खातिर एने-ओने जाये के ना पड़ेंला। संगही रउआ आपन पासवर्ड आदि इयाद रखल बहुते आसान होला। एकरा अलावे एगो फायदा इहो बा कि एगो अकाउंट रखे से राउर मेंटेनेंस के खर्च कम हो जाला।

नुकसान

एगो अकाउंट रखे के सबसे बड़ा नुकसान ई बा कि कवनो फ्रॉड आदि होखला पs पूरा राशि गवां सकत बानी। एकरा अलावे बैंक के सर्वर आदि डाउन होखला पs राउर पूरा काम प्रभावित हो सकत बा। एकरा अलावे डेबिट कार्ड आदि खोवला पs रउआ एटीएम से कैश निकाले खातिर नया कार्ड के इंतजार करे के पड़ेला।

दुगो बैंक खाता रखला के फायदा आ नुकसान

दूर बैंक खाता रखला के आपन फायदा बा। एकरा माध्यम से रउआ जादे लचीलापन मिलेला। रउआ आपन खर्च आ सेविंग खातिर अगल-अलग बैंक खाता रख सकत बानी। कवनो फ्रॉड भा बैंक सर्वर डाउन होखला पs लेन देन प्रभावित ना होला। हालांकि, एकर एक बड़ा नुकसान ई बा कि एसे राउर मेंटेनेंस खर्च बढ़ जाला।

कव गो बैंक खाते रखे के चाहीं?

जानकार मानत बा लो कि एगो व्यक्ति के कम से कम दु गो बैंक खाता रखे के चाहीं। एसे ऊ आपन खर्च आ बचत के अच्छा से मैनेज कs सकत बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-