Virat Kohli: बंगलूरू भगदड़ ममिला में फंसलें कोहली, सामाजिक कार्यकर्ता विराट के खिलाफ दर्ज करवलें शिकायत

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (आरसीबी) आ भारतीय टीम के स्टार बल्लेबाज विराट कोहली बंगलूरू भगदड़ ममिला में फंसत दिखाई दे रहल बाड़ें। सामाजिक कार्यकर्ता एचएम वेंकटेश कोहली के हादसा के जिम्मेदार ठहरावत उनका खिलाफ शिकायत दर्ज करवलें बाड़ें। आरसीबी मंगर के पंजाब किंग्स के हराके आईपीएल 2025 के खिताब जीतले रहे। ई एह फ्रेंचाइजी के पहिला आईपीएल खिताब रहे जवना के बाद बंगलूरू में जश्न मनावे के फैसला कइल गइल रहे।

फिलहाल एफआईआर दर्ज ना

पुलिस सूत्र न्यूज एजेंसी पीटीआई के हवाले से बतावल लोग कि सामाजिक कार्यकर्ता वेंकटेश के शिकायत पs फिलहाल कोहली के खिलाफ कवनो एफआईआर दर्ज नइखे कइल गइल। वेंकटेश कोहली के आरसीबी के खिताबी जीत के दौरान मचल भगदड़ खातिर जिम्मेदार ठहरवले बाड़ें। बंगलूरू में बुध के आरसीबी के जीत के जश्न मनावल गइल रहे। एकरा खातिर चिन्नास्वामी स्टेडियम में कार्यक्रम आयोजित कइल गइल, बाकिर जादे भीड़ अइला के कारण स्टेडियम के बाहर भगदड़ मच गइल आ एमे 11 लोगन के मौत भइल रहे आ 50 से जादे लोग घायल भइल रहे।

पीड़िता आरसीबी पs दर्ज करवले रहे प्राथमिकी

एकरा पहिले, वेणु नामक पीड़ित कब्बन पार्क पुलिस थाना में आरसीबी आ कर्नाटक राज्य क्रिकेट संघ के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करवले रहे आउर भगदड़ खातिर इनका जिम्मेदार ठहरवले बा। एकरा पहिले, कर्नाटक पुलिस बियफे के आरसीबी, इवेंट मैनेजमेंट फर्म डीएनए एंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड आ केएससीए के खिलाफ एफआईआर दर्ज करवले रहे। जवना के बाद कर्नाटक राज्य क्रिकेट संघ हाईकोर्ट के शरण में पहुंचल रहे आ ऊ कोर्ट से चिन्नास्वामी स्टेडियम भगदड़ ममिला में दर्ज एफआईआर रद्द करे के मांग कइले रहे। केएससीए के कर्नाटक हाईकोर्ट से बड़ राहत मिलल रहे। कोर्ट एह ममिला पs सुनवाई करत राज्य क्रिकेट संघ के पदाधिकारियन के खिलाफ दंडात्मक कार्रवाई करे पs रोक लगा देलस।

जीत के जश्न मातम में बदलल

आरसीबी फ्रेंचाइजी घरेलू प्रशंसकों के संगे एह ऐतिहासिक जीत के जश्न मनावे के फैसला कइले रहे। आईपीएल 2025 के चैंपियन आरसीबी के टीम बुध के अहमदाबाद से बंगलूरू पहुंचल। बंगलूरू पहुंचला पs चैंपियन खिलाड़ियन के भव्य स्वागत कइल गइल। बंगलूरू एयरपोर्ट से लेके टीम होटल आ कर्नाटक विधानसौधा के बाहर तक प्रशंसकन कर भारी हुजूम लागल रहल। कर्नाटक के उप-मुख्यमंत्री डीके शिवकुमार बंगलूरू एयरपोर्ट पs आईपीएल के विजेता टीम आरसीबी के स्वागत कइलें। आरसीबी के खिलाड़ियन के विधानसौधा में सम्मान कइल गइल, जेमे मुख्यमंत्री सिद्धारमैया आ राज्यपाल थावर चंद गहलोत मवजूद रहे लोग। आरसीबी के टीम एकरा बाद चिन्नास्वामी स्टेडियम गइल, बाकिर कार्यक्रम से पहिलही उ हां भगदड़ मच गइल।

केएससीए मंगके रहे अनुमति?

बंगलूरू में पिछला दिनन भइल भगदड़ में नया जानकारी सामने आइल बा। केएससीए विधानसौधा में आरसीबी के आईपीएल ट्रॉफी समारोह के खातिर अनुमति मंगले रहे। एह बात के पुष्टि राज्य सरकार के भेजल गइल एगो पत्र से भइल बा। केएससीए के ओर से तीन जून के राज्य सरकार के लिखल गइल पत्र से पता चलत बा कि राज्य क्रिकेट संघ डीएनए एंटरटेनमेंट नेटवर्क्स खातिर विधानसौधा में समारोह ला अनुमति मंगले रहे। केएससीए कहलस कि संबंधित कंपनी एह आयोजन खातिर जरूरी बेवस्था करी।

Read Also: Bihar News : तेजस्वी यादव के एस्कॉर्ट गाड़ी में ट्रक मरलस टक्कर; अस्पताल में पुलिसकर्मियन के देखे पहुंचलें

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-