Ballia News: जाति प्रमाणपत्र खातीर शुरू कइले धरना

Share

बैरिया। भाजपा अनुसूचित जनजाति मोर्चा के राज्यमंत्री तारकेश्वर गोड के नेतृत्व में अनुसूचित जनजाति प्रमाणपत्र खातिर सोमार के दिने तहसील परिसर में अनिश्चित काल खातिर धरना प्रदर्शन शुरू कs दिहल गइल। हालांकि दु घंटा के भीतर डिप्टी कलेक्टर आत्रेय मिश्रा के आश्वासन पs विरोध प्रदर्शन स्थगित क दिहल गईल।

एकरा बाद उपजिलाधिकारी आत्रेय मिश्र विरोध स्थल पs पहुंच के धरनारत गोंड समुदाय के लोग के भरोसा दिअवले कि तहसीलदार बैरिया संबंधित विभाग से आरक्षण से जुड़ल दस्तावेज मंगले बाड़े। बुधवार ले एकर स्वीकार्य समाधान मिल जाई। गोंड समुदाय के लोग आरोप लगवले कि प्रमाणपत्र जारी करे में भ्रष्टाचार के चलते भेदभाव होखता। आधा दर्जन लोग के प्रमाणपत्र जारी हो चुकल बा। कवना आधार पs कइल गइल? एही आधार पs हमनी के प्रमाणपत्र भी जारी होखे के चाही। एकरा पs एसडीएम कहले कि उनुका इहो देखाई देता कि आधा दर्जन लोग के प्रमाणपत्र कवना आधार पs जारी भईल बा। सब कुछ एके आधार पs होई। अगर प्रमाणपत्र गलत तरीका से जारी भईल बा त प्रमाणपत्र के रद्द क के जारीकर्ता के खिलाफ कार्रवाई कईल जाई। विरोध स्थल पs अरिमर्दन गोंड, ददन गोंड, जगरनाथ गोंड, श्रीराम गोंड के अलावा महिला समेत सैकड़ों गोंड समुदाय मौजूद रहे।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-