Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देशभर में आजु बजरंग दल के ‘शक्ति जागरण’, हनुमान चालीसा के होई पाठ, कहलन- भगवान कांग्रेस के सद्बुद्धि दे

कर्नाटक में विधानसभा चुनाव खातिर 24 घंटा बाद मतदान शुरू हो जाई | एह चुनाव के प्रचार के दौरान बजरंग दल पे रोक लगावे के चुनावी वादा कांग्रेस खातिर हिट विकेट जइसन हो गइल बा। 

552

 

कर्नाटक में बजरंग दल पे रोक लगावे से शुरू भइल लड़ाई अब बजरंगबली में आ गइल बा। आज बजरंग दल के कार्यकर्ता देश भर में कांग्रेस के खिलाफ विरोध प्रदर्शन करे जा तारे | बजरंग दल के कार्यकर्ता आजु ढेर संख्या में मंदिरन में पहुँच के हनुमान चालीसा के पाठ करीहें । एकरा संगे बजरंग दल बेंगलुरु में भी कांग्रेस के खिलाफ एगो बड़ प्रदर्शन के तैयारी में जुटल बा। बजरंग दल के कार्यकर्ता आजु कांग्रेस का खिलाफ 3 किलोमीटर लमहर बाइक रैली निकाले जा रहल बाड़े। घोषणापत्र में बजरंग दल पे रोक लगावे के वादा क के कांग्रेस बुरी तरह से फंसल बिया। पार्टी के हर नेता अब साफ-सफाई पे सफाई देता, लेकिन भाजपा अब एकरा के कर्नाटक के चुनाव में हिन्दू के पहचान से जोड़तिया, अयीसन स्थिति में ए चुनाव में कांग्रेस खातीर बजरंग दल अवुरी बजरंगबली भारी होखत देखाई देता।

कर्नाटक में कांग्रेस पे भारी ‘बजरंगबली’

कर्नाटक में विधानसभा चुनाव खातिर 24 घंटा बाद मतदान शुरू हो जाई। एह चुनाव के प्रचार के दौरान बजरंग दल पे रोक लगावे के चुनावी वादा कांग्रेस खातिर हिट विकेट जइसन हो गइल बा। राज्य में प्रचार के चुनावी हल्ला खतम हो गईल बा। आजु कवनो पार्टी रैली ना निकाली ना जुलूस निकाली बाकिर आजु हनुमान चालीसा बेंगलुरु से दिल्ली ले गूँजे जा रहल बा। आज बजरंग दल के कार्यकर्ता बेंगलुरु, दिल्ली, नागपुर, मुंबई समेत देश के सभ शहर में कांग्रेस के खिलाफ विरोध प्रदर्शन करीहे। एह दौरान विरोध प्रदर्शन के साथे हनुमान चालीसा के पाठ भी होई।

 

बजरंग दल पे रोक लगावे के मुद्दा कर्नाटक से उठल बा, त इहाँ बजरंग दल बड़ लड़ाई लड़े के मूड में बा।

• बजरंग दल के कार्यकर्ता सबेरे दस बजे बेंगलुरु में 3 किलोमीटर के बाइक रैली निकालीहें। एकरा बाद मारुथी अस्पताल के सामने क्लब रोड विजय में हनुमान चालीसा के पाठ होई। दिल्ली में भी आज बड़ संख्या में बजरंग दल के कार्यकर्ता शाम 6 बजे कनॉट प्लेस हनुमान मंदिर में हनुमान चालीसा के पाठ करीहे।

• दिल्ली के मौजपुर के हनुमान मंदिर में शाम 7 बजे हनुमान चालीसा होई।

•नागपुर आ विदर्भ में भी बड़ पैमाना पे हनुमान चालीसा के पाठ होई। नागपुर में 6 जगह हनुमान चालीसा के पाठ के कार्यक्रम बा।

•दूसर ओर मुंबई में बजरंग दल के खिलाफ विरोध प्रदर्शन के अगुवाई वीएचपी करी। हनुमंत शक्ति जागरण में वीएचपी महासचिव मिलिंद परांडे मौजूद रहीहें।

साभार- इंडिया tv

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.