Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Nikay Chunav: उत्तर प्रदेश में थमल निकाय चुनाव के प्रचार, 38 जिलन में 11 मई के मतदान; 13 के आई नतीजा

दूसरका चरण के चुनाव 11 मई के होई। ई चुनाव सात नगर निगमन, 590 नगर निगम वार्डन पs करावल जा रहल बा। संगही 95 अध्यक्ष नगर पालिका परिषद, 2551 सदस्य नगर पालिका परिषद वार्ड, 268 अध्यक्ष नगर पंचायत आ 3495 सदस्य नगर पंचायत पद खातिर मतदान होई।

530

11 मई के प्रदेश के 38 जिलन में होखे जा रहल नगर निकाय चुनाव में दूसरका चरण के प्रचार मंगर सांझ के छव बजे थम गइल। जहां एक ओरि सभे राजनीतिक दल आपन तइयारी तेज कs लेले बा, ओहिजा चुनाव प्रेक्षक जिलन में जाके कमान संभार लेले बा लो।

दूसरका चरण के चुनाव 11 मई के होई। ई चुनाव सात नगर निगमन, 590 नगर निगम वार्डन पs करावल जा रहल बा। संगही 95 अध्यक्ष नगर पालिका परिषद, 2551 सदस्य नगर पालिका परिषद वार्ड, 268 अध्यक्ष नगर पंचायत आ 3495 सदस्य नगर पंचायत पद खातिर मतदान होई। कुल 370 निकायन आ 6636 वार्डन में 7006 पदन पs ई निर्वाचन करावल जा रहल बा। एह चरण में 1,92,32,004 मतदाता अपना मत के प्रयोग कs सकी लो।

एमे पुरुष मतदाता लोगन के संख्या 1,02,16,992 आ महिला मतदाता लोगन के संख्या 90,15,012 बा। एह चरण में प्रचार खातिर प्रत्याशी लोग आपन अपनी पूरा ताकत लगा देले बा। सब राजनीतिक दल आ उम्मीदवार लोग सब मतदाता लोगन तक पहुंचे के पूरी कोसिस कइल। ओने, प्रेक्षको लोग जिलन में मोर्चा संभाल लेले बा लो। ना खाली जुलूस रैली आदि पs ऊ लोग नजर रखी बलुक चुनाव के पूरा तइयारियन पs निगाह रखिहें। कहल गइल बा कि हर गंभीर बात के सूचना निर्वाचन आयोग से साझा कइल जाई।

संवेदनशील मतदान केंद्रन पs वेबकास्टिंग करावे: निर्वाचन आयुक्त

दूसरका चरण खातिर राज्य निर्वाचन आयुक्त मनोज कुमार कहलें कि संवेदनशील, अतिसंवेदनशील आ अतिसंवेदनशील प्लस मतदान केंद्रन के जरुरत के मोताबिक वीडियोग्राफी, वेब कास्टिंग करावल जाये। सोमार के आईजी कानून आ बेवस्था डॉ. संजीव गुप्ता एकरा के लेके अधिकारियन संगे बैठक कइले रहस। ऊ कहलें कि केहूओ संदिग्ध व्यक्ति कवनो पोलिंग बूथ के निर्धारित सीमा के भीतर एकदमे प्रवेश मत करे। मतदाता के स्वतंत्र रूप से मतदान करे के अवसर प्रदान कइल जाये। लापरवाही पs संबंधित कर्मी के खिलाफ कार्रवाई होई। सब केंद्रन पs तैनात पुलिस बल के अलावहू जदि जरूरत पड़े पुलिस बल तैनात कइल जाव।

540180cookie-checkUP Nikay Chunav: उत्तर प्रदेश में थमल निकाय चुनाव के प्रचार, 38 जिलन में 11 मई के मतदान; 13 के आई नतीजा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.