दिल्‍ली में आयुष्मान भारत योजना जल्‍दिए होइ लागू, डेट के लेके आइल बड़ अपडेट

Minee Upadhyay

दिल्ली सरकार आयुषमान भारत प्रधानमंत्री जन आरोग्य योजना (एबी-पीएमजेए) लागू करे खातिर 5 अप्रैल के राष्ट्रीय स्वास्थ्य प्राधिकरण से एमओयू पs हस्ताक्षर कs सकेले।  सूत्र के मुताबिक, एमओयू पd 5 अप्रैल के हस्ताक्षर होखे के संभावना बा, जवना पs पहिले 18 मार्च के हस्ताक्षर होखे वाला रहे। एकरा बाद दिल्ली में आयुष्मान भारत योजना के लागू करे के रास्ता साफ हो जाई।  भाजपा के चुनावी वादा में दिल्ली में आयुषमान भारत योजना लागू करे के रहे, अब एकरा के लागू करे के प्रयास चलता।  

पश्चिम बंगाल में भी आयुष्मान भारत योजना नईखे    

हालांकि एमओयू पs हस्ताक्षर करे के तारीख अब ले तय नईखे भईल। बाकिर एमओयू पs हस्ताक्षर भईला के बाद दिल्ली स्वास्थ्य बीमा योजना के लागू करेवाला 35वां राज्य/केंद्रशासित प्रदेश बन जाई।  एकरा बाद पश्चिम बंगाल अकेला राज्य बनल रही जवन इs योजना नईखे अपनावल।  सूत्र बतवले कि, ‘राष्ट्रीय राजधानी में आयुष्मान भारत प्रधानमंत्री जन आरोग्य योजना (एबी-पीएमजेवाई) के लागू करे खातीर राष्ट्रीय स्वास्थ्य प्राधिकरण के संगे एमओयू पs हस्ताक्षर करे खातीर दिल्ली सरकार के ओर से सभ तैयारी पूरा हो गईल बा।’

आप एs योजना के लागू करे से इनकार कs देले रहे

दिल्ली विधानसभा चुनाव खातिर भारतीय जनता पार्टी के प्रमुख वादा में से एगो रहे आयुषमान भारत योजना के लागू कइल।  एकरा से पहिले आम आदमी पार्टी के नेतृत्व वाली सरकार आपन योजना शुरू कs देले रहे अवुरी एबी-पीएमजे के लागू करे से इनकार कs देले रहे।  भाजपा 5 फरवरी के दिल्ली विधानसभा चुनाव जीत के 26 साल से अधिका के बाद दिल्ली में सत्ता में वापस आ गईल।

इहो पढ़ीं; सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।