Ayodhya: रजत हिंडोला पऽ भाइयन के साथे विराजमान भइले रामलला, दर्शन कऽ के निहाल भइले भक्त

Share

Ayodhya: अयोध्या के श्रीराम मंदिर में रामलला रजत हिंडोला पर विराजमान भइले। उनका खातिर तीन फीट ऊंचा, दू फीट लंबा आ एक फीट चौड़ा चांदी के हिंडोला निर्मित कइल गइल बा।।

राम मंदिर के गर्भगृह में विराजल रामलला शुक से हिंडोला पs स्थापित कइल गइले। हिंडोला पs विराजल रामलला सरकार के दर्शन कऽ के भक्त निहाल होत लउकले। ट्रस्ट के ओर से तीर्थ यात्री सुविधा केंद्र के लगे रामभक्तन खातिर निशुल्क भंडारा के शुभारंभ शुक के कइल गइल। इ भंडारा रोज रक्षाबंधन तक चली।

रामलला के मुख्य अर्चक आचार्य सत्येंद्र दास के अनुसार पर्व के शुरुआत आ समापन के मर्यादा के अनुरूप रामलला को पंचमी से पूर्णिमा तक 11 दिन खातिर हिंडोला पs स्थापित कइल गइल बा।

मर्यादा के ध्यान में राखत रामलाला के तीन फीट ऊँच, दू फीट लंबा आ एक फुट चौड़ा चांदी के झूला पिछला साल खुदे बनावल गइल बा। एह झूला पs रामलाला के अपना भाई लोग के साथे बइठावल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-