Gyanvapi Case : ज्ञानवापी परिसर के अतिरिक्त सर्वे कराआवे के मामला: सुनवाई टलल, अब 12 अगस्त के मिलल तारीख

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 9, 2024

Gyanvapi Case :जानकारी खातिर बता दी कि ज्ञानवापी में नया मंदिर के निर्माण आ हिंदूअन के पूजा-पाठ करे के अधिकार देवे के लेके स्वयंभू विश्वेश्वर ज्योर्तिलिंग के ओर से स्‍व. पं. सोमनाथ व्यास आ आउर

Share

Gyanvapi Case :जानकारी खातिर बता दी कि ज्ञानवापी में नया मंदिर के निर्माण आ हिंदूअन के पूजा-पाठ करे के अधिकार देवे के लेके स्वयंभू विश्वेश्वर ज्योर्तिलिंग के ओर से स्‍व. पं. सोमनाथ व्यास आ आउर लोग बरिस 1991 में मुकदमा दायर कइले रहे। एह मुकदमा में वाद मित्र विजय शंकर रस्तोगी ज्ञानवापी परिसर के एएसआइ से अतिरिक्त सर्वे करावे के अपील कइले बाड़े।

ज्ञानवापी परिसर के अतिरिक्त सर्वे करइला के वाद मित्र के अपील पs शुक के दिने सुनवाई टल गइल। नागपंचमी पर्व पs बार एसोसिएशन के ओर से पूरा दिन न्यायिक कार्य ना करे के घोषणा के चलते उक्त अपील पs सुनवाई ना हो सकल। सिविल जज (सीनियर डिवीजन फास्टट्रैक) प्रशांत कुमार सिंह अगिला सुनवाई खातिर 12 अगस्त के तिथि मुकर्रर कइले बाड़े।

साल 1991 में दायर कइल गइल रहे वाद

वाद मित्र विजय शंकर रस्तोगी के ओर से अपना अपील पs पक्ष राखल जा रहल बा। उनकर बहस पूरा ना होखे पसे अदालत एकरा के जारी रखत नौ अगस्त के तिथि मुकर्रर कइले रहे। ज्ञानवापी में नया मंदिर के निर्माण आ हिंदूअन के पूजा-पाठ करे के अधिकार देवे के लेके स्वयंभू विश्वेश्वर ज्योर्तिलिंग की ओर से स्‍व. पं. सोमनाथ व्यास आ आउर लोग 1991 में मुकदमा दायर कइले रहे। इस मुकदमा में वाद मित्र विजय शंकर रस्तोगी ज्ञानवापी परिसर के एएसआइ से अतिरिक्त सर्वे करावे की अपील कइले बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.