रामजन्मभूमि परिसर में राममंदिर के गर्भगृह, प्लिंथ अउरी रिटेनिंग वॉल के निर्माण कार्य प्रगति पर बा। श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट परिसर में हो रहल निर्माण कार्य के तस्वीर गुरुवार के सोशल मीडिया पर जारी मंदिर निर्माण के प्रगति से रामभक्तन के अवगत करवने। गर्भगृह के महापीठ के परिक्रमा पथ के निर्माण कार्य पूरा हो चुकल बा। गर्भगृह में अब ले 210 पत्थर बिछावल जा चुकल बा। उहवें प्लिंथ के काम अगस्त के मध्य चाहे अंत ले पूरा हो जाई।
श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के सदस्य डॉ. अनिल मिश्र बतवले कि प्लिंथ में अब केवल 4600 पत्थर लागल शेष बचल बा। प्लिंथ में कुल 17 हजार ग्रेनाइट के पत्थर लागे के बा अब ले 12 हजार से अधिक पत्थर लाग चुकल बा। बतवले कि प्लिंथ के काम 20 अगस्त ले पूरा हो जाई। उ गर्भगृह निर्माण की प्रगति बतावत कहलें कि गर्भगृह के महापीठ के परिक्रमा पथ के निर्माण पूरा कs लेहल गइल बा। महापीठ ऊ स्थल बा जहां भगवान रामलला विरजिहें।