Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

15 अगस्त के बाद बदल जाई नजारा: काशी विश्वनाथ धाम के हर भवन होई गुलजार, श्रद्धालुअन के मिली सब सुविधा

1,566

गंगधार से गंगाधर के बीच 50 हजार वर्गमीटर में फइलल राजराजेश्वर के नव्य, भव्य, दिव्य काशी विश्वनाथ धाम में 15 अगस्त के बाद मशीनन के आवाज थम जाई। काशी विश्वनाथ धाम के दुसरका चरण के काम अंतिम दौर में बा। इहां बनल दुकानन के आवंटन के संगही भवनन के सदुपयोग खातिर निविदा प्रक्रिया शुरू करा देहल गईल बा। दूसरका चरण के काम पूरा होखले के बाद दुनियाभर से आवे वाला श्रद्धालु गंगा दर्शन के संगही उहां पूरा खरीदारी के लुत्फ भी उठा सकिहें।

गेटवे ऑफ गंगा के निर्माण के बाद काशी विश्वनाथ धाम के दूसरका चरण में प्रस्तावित घाट किनारे के काम के पूरा कइले के तैयारी बा। मंदिर प्रशासन के दावा बा कि 15 अगस्त के बाद मंदिर परिसर में निर्माण खातिर लगल मशीनन के हटा लेहल जाई। एकरे बाद श्रद्धालुअन के सहूलियत खातिर प्रस्तावित सब सुविधा इहां शुरू क देहल जाई।

मंडलायुक्त दीपक अग्रवाल कहलें कि दूसरका चरण के काम लगभग पूरा क लेहल गइल बा। 15 अगस्त तक धाम में काम पूरा करा के निर्माण से जुड़ल व्यक्ति अउरी मशीन उहां नाइ दिखाई देंई। धाम में बनल भवनन के उपयोग खातिर निविदा प्रक्रिया शुरू करा देहल गईल बा।

302840cookie-check15 अगस्त के बाद बदल जाई नजारा: काशी विश्वनाथ धाम के हर भवन होई गुलजार, श्रद्धालुअन के मिली सब सुविधा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.