अयोध्या : राम मंदिर के फर्श में 95 हजार वर्ग फीट से जादा संगमरमर के होई इस्तेमाल, निर्माण के तइयारी तेज

Share

 

 

राम मंदिर के फर्श में इस्तेमाल होखे वाला संगमरमर के मोटाई 35 मिमी होई। फर्श में अलग-अलग साइज के संगमरमर के इस्तेमाल होई, जवना खाती इंजीनियर नक्शा बनावे में व्यस्त बाड़े।

राम मंदिर के भूतल के छत के काम पूरा हो चुकल बा। अब राम मंदिर के मंजिल बनावे के तइयारी तेजी से शुरू हो गइल बा. एकरा खातिर फ्लोर मैपिंग कइल जा रहल बा। राम मंदिर के फर्श मकराणा के संगमरमर से सजावल जाई। फर्श में कुल 95,300 वर्ग फीट संगमरमर के इस्तेमाल होई।

बतावल गईल कि फर्श में इस्तेमाल होखे वाला संगमरमर के मोटाई 35 मिमी होई। फर्श में अलग-अलग साइज के संगमरमर के इस्तेमाल होई, जवना खाती इंजीनियर नक्शा बनावे में व्यस्त बाड़े। संगमरमर के सुंदरता बढ़ावे के चक्कर में एकरा प इन-ले काम कईल जाता। इन-ले काम में संगमरमर के खुदाई क के ओकरा में रंगीन पत्थर लगावल जाला। फूल, पतई आ रंगीन पेंटिंग सफेद संगमरमर पर रंगीन पत्थर से उकेरल बा। फर्श प फिक्स होखला के बाद इ कवनो भवन में सुंदरता बढ़ावेला।

राम मंदिर ट्रस्ट के सदस्य डॉ. अनिल मिश्रा बतवले कि मंदिर के फर्श खाती करीब 95,300 वर्ग फीट संगमरमर के आपूर्ति भईल बा। बतावल गइल कि ग्राउंड फ्लोर के काम पूरा हो गइल बा. जल्दिये फर्श के काम शुरू हो जाई। संगही पहिला मंजिल के गुंबद आदि के निर्माण के भी तैयारी शुरू हो गईल बा।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-