Ayodhya News: रामनगरी में कइयन जगहन पs आसमान में दिखल ड्रोन, ग्रामीणन में दहशत; पुलिस छानबीन में जुटल

Share

अयोध्या। यूपी के अयोध्या में बुध के रात मिल्कीपुर क्षेत्र के कइयन गो जगहन पs आसमान में लोग ड्रोन देखल। ड्रोन देखला के बाद ग्रामीणन में दहशत के माहौल रहल। दहशत में ग्रामीण देर रात तक जागत रहल लो। संगही एकर सूचना पुलिस के दिहल। मवका पs पहुंचल पुलिस छानबीन कइलस।ड्रोन के संबंध में जानकारी ना मिल सकल।

बतावल गइल कि इनायत नगर के रेवना, मिल्कीपुर बाजार, खंडासा के कलुवामऊ, कोटिया, घटौली, नागीपुर, जयराजपुर, मिचकुरही, जगन्नाथपुर आ तिंदौली गांव में आसमान में ड्रोन जइसन चमकदार चीज घूमत देखल गइल। ग्रामीण एकर फोटो खींचल लोग। वीडियो बनावल। ड्रोन देखके पूरा इलाका में हलचल मच गइल। लोग फोन कs के एक-दूसरा के ड्रोन उड़ला के जानकारी देत रहल।

संदिग्ध गतिविधि मानके दहशत बनल रहल

बहुत देर तक आसमान में घूमत रहल एह ड्रोन के लेके तरे-तरे के चर्चा आ अफवाह फइले लागल। केहू एकरा के सर्वे से जोड़ल ते केहू ऐकरा के संदिग्ध गतिविधि मानके दहशतो जतावल। ग्रामीणन में एह घटना के लेके उत्सुकता आ दहशत दुनो के माहौल बनल रहल।

हैरिंग्टनगंज चौकी प्रभारी आशीष सिंह बतवलें कि उहो आसमान में चमकत चीजन के देखले बाड़ें। देखे में उ ड्रोन जइसन प्रतीत होत रहे। ऊ आशंका जतवलें कि ई कवनो रूट सर्वे के हिस्सा हो सकत बा।

Read Also: DDU : बेटा के इंटरनल परीक्षा में मिलल कम अंक, शिकायत लेके आइल पिता के मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-