[the_ad_group id="30365"]

DDU : बेटा के इंटरनल परीक्षा में मिलल कम अंक, शिकायत लेके आइल पिता के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में मंगर के एगो छात्र के पिता के मौत हो गइल। छात्र आयुष मिश्रा इंटरनल परीक्षा में कम नंबर मिलला के शिकायत लेके पिता संगे गणित विभागाध्यक्ष से मिले पहुंचल रहे। बातचीत के दौरान पिता अचानक गिर पड़लें। उनका के तत्काल जिला अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डाॅक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल। घटना से विवि परिसर में अफरा-तफरी मच गइल।

देवरिया के भलुअनी निवासी आयुष एमएससी गणित के छात्र हs। ओकर कहनाम बा कि क्लासिकल मैकेनिक्स पेपर (75 अंक) में ओकरा 34 अंक मिलल, बाकिर इंटरनल में खाली एक अंक दिहल गइल। जबकि पहिला चार सेमेस्टर में ओकर प्रदर्शन 78 से 85 प्रतिशत तक रहल बा। ऊ 17 जुलाई के लिखित शिकायत कइले रहे आ कइयन बेर विभागाध्यक्ष से मिलल, बाकिर कवनो समाधान ना निकलल।

गणित विभाग के प्रभारी विभागाध्यक्ष प्रो.राजवंत राय कहले कि छात्र के उपस्थिति कम बा आ ओकर एक्सटर्नलो में कम अंक आइल बा। विभाग में कापियन के जांच पूरा पारदर्शिता से कइल जाला आ काॅपी निकलववलो पs नंबर बढ़ला के कवनो गुंजाइश नना मिलल। पिता के तबीयत पहिलही से खराब रहे। ई ममिला उनका कार्यकाल से पहिले के हs, एकरा बादो कुलपति के निरदेस पs जांच करावल जाई।

Read Also: ED Summoned Shikhar Dhawan : शिखर धवन के ईडी कइलस तलब, गैरकानूनी बेटिंग एप ममिला में पूछताछ खातिर बोलवलस

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]