स्पोर्ट्स डेस्क। ऑस्ट्रेलिया के मेलबर्न शहर से एगो दुखद खबर सामने आइल बा। 17 बरिस के नौजवान आउर प्रतिभाशाली क्रिकेटर बेन ऑस्टिन के मौत एगो हादसा में हो गइल बा। जानकारी के मोताबिक, बेन मंगर के दिने अपना क्लब के नेट्स में ऑटोमैटिक बॉलिंग मशीन से बल्लेबाजी के अभ्यास करत रहलें। ऊ हेलमेट पहिनले रहस, बाकिर एगो गेना सीधे उनकर गरदन आउर माथा के बीच लाग गइल। झटपट उनका के अस्पताल ले जाइल गइल, बाकिर हालत गंभीर रहे आ बुध के दिने ऊ दुनिया छोड़ दिहें।
“हमनी के परिवार के एगो सितारा खो गइल” : क्लब
फर्नट्री गली क्रिकेट क्लब बेन के मौत पs गहिराह दुख जतावत कहलस- “हमनी के बेन के निधन से पूरा तरे टूट गइल बानी सs। उनका निधन से पूरा क्रिकेट परिवार सदमा में बा।” क्लब बेन के स्टार खिलाड़ी, उम्दा लीडर आउर नेक इंसान बतवलस। ऊ टीम के उभरत बल्लेबाज आ गेंदबाज रहलें, जवन भविष्य में ऑस्ट्रेलिया के बड़ नाम बन सकत रहस।
ताजा भइल फिलिप ह्यूज के याद
ई हादसा सुन के सबके 2014 में फिलिप ह्यूज के भइल दर्दनाक मौत याद आ गइल। ह्यूज के गर्दन पs गेना लागल रहे, आ उहो कुछ दिन बाद चल बसल रहलें। तब क्रिकेट ऑस्ट्रेलिया सुरक्षा नियम कड़ा कइलस, बाकिर बेन ऑस्टिन वाला घटना फेरु सुरक्षा पs सवाल खड़ा कs देलस।
क्रिकेट परिवार में सन्नाटा
क्लब आ साथी खिलाड़ी कहल लोग कि बेन के जोश, लगन आ मुस्कान हमेसा याद रखल जाई। ऊ अब खाली मैदान पs ना, हर क्रिकेट प्रेमी के दिल में जिंदा रहिहें।
Read Also: Bihar Election 2025 : अमित शाह कहलें- कांग्रेस के चलते 41 साल देरी से मिलल सरदार पटेल के भारत रत्न








