स्पोर्ट्स डेस्क। क्रिकेट ऑस्ट्रेलिया भारत के खिलाफ आवे वाला घरेलू वनडे आ टी20 सीरीज खातिर अपना टीमन के घोषणा कs देले बा। ई सीरीज 19 अक्टूबर से सुरू होई। वनडे टीम में तेज गेंदबाज मिचेल स्टार्क आ ओपनर मैथ्यू शॉर्ट के वापसी भइल बा। स्टार्क पिछला महीना टी20 अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास लेवे के घोषणा कइले रहस, बाकिर अब ऊ भारत जइसन मजबूत टीम के खिलाफ 50 ओवर के प्रारूप में मैदान में उतरिहें। भारत हाले में वनडे आ टी20 टीम के घोषणा कइले रहस। वनडे में रोहित शर्मा आ विराट कोहली जइसन दिग्गज खिलाड़ियन के वापसी हो रहल बा, जबकि शुभमन गिल अब भारत के वनडे टीम के कप्तानी करिहें।
कमिंस के गैरमौजूदगी में मार्श कप्तान
ऑस्ट्रेलिया के नियमित कप्तान पैट कमिंस चोट के कारण एह सीरीज से बाहर बाड़ें। अइसन में टी20 टीम के कप्तान मिचेल मार्श वनडे आ टी20 दूनो प्रारूपन में टीम के नेतृत्व करिहें। मार्श के लगे पहिलही से कप्तानी के अनुभव बा आ भारत जइसन चुनौतीपूर्ण टीम के खिलाफ ई उनका खातिर खुद के साबित करे के बड़ मौका होई।
चार बदलावन के संगे लवटी वनडे टीम
दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ पिछला वनडे सीरीज (जवन ऑस्ट्रेलिया 2-1 से हारल रहे) के तुलना में टीम में चार बदलाव कइल गइल बा। मिचेल स्टार्क, मैथ्यू शॉर्ट, मैथ्यू रेनशॉ आ मिचेल ओवेन के टीम में जगह दिहल गइल बा। ओहिजा, एरॉन हार्डी, मैथ्यू कुहनेमन आ मार्नस लाबुशेन के टीम से बाहर कs दिहल गइल बा। लाबुशेन अब क्वींसलैंड खातिर शेफील्ड शील्ड में चार दिवसीय क्रिकेट खेलिहें, ताकि ऊ साल के अंत में इंग्लैंड के खिलाफ एशेज टेस्ट सीरीज खातिर तइयार रह सके।
टी20 सीरीज से पहिले अहम तइयारी
भारत के खिलाफ टी20 सीरीज 29 अक्टूबर से सुरू होई। क्रिकेट ऑस्ट्रेलिया पहिला दू मैच खातिर 14 सदस्यीय टीम के घोषणा कइले बा। एमे नाथन एलिस आ जोश इंगलिस के वापसी भइल बा, ई लोग हाले में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ टी20 सीरीज खेलले रहे।
ई सीरीज अगिला साल होखे वाला आईसीसी टी20 विश्व कप 2026 के तइयारी के लिहाज से बहुते अहम मानल जा रहल बा। चयन समिति के प्रमुख जॉर्ज बेली संकेत देलें कि आगे चलके टी20 टीम में कुछ बदलावो हो सकत बा ताकि खिलाड़ियन के घरेलू क्रिकेट आ टेस्ट सीरीज के तइयारी खातिर समय मिल सके।
जॉर्ज बेली कहलें अहम बात
बेली कहलें, ‘हमनी के वनडे सीरीज आ टी20 के सुरुआती दू मैचन खातिर टीम के चयन कइले बानी सs। सीरीज के अंत में कुछ खिलाड़ियन के घरेलू क्रिकेट में वापसी खातिर आराम दिहल जा सकत बा ताकि ऊ लोग टेस्ट सीजन के तइयारी कs सके।’
ऊ कहलें, ‘टी20 विश्व कप के तइयारी खातिर अधिकांश खिलाड़ी टीम के संगे बनल रही लोग, बाकिर हमनी के ई संतुलन बरकरार रखे के कोसिस कs रहल बानी सs कि कुछ खिलाड़ियन के टेस्ट क्रिकेट खातिर पर्याप्त तइयारी के समय मिले।’
ऑस्ट्रेलिया के वनडे टीम: मिचेल मार्श (कप्तान), जेवियर बार्टलेट, एलेक्स कैरी, कूपर कोनोली, बेन ड्वार्शुइस, नाथन एलिस, कैमरन ग्रीन, जोश हेजलवुड, ट्रेविस हेड, जोश इंग्लिस, मिचेल ओवेन, मैथ्यू रेनशॉ, मैथ्यू शॉर्ट, मिचेल स्टार्क, एडम जैम्पा।
ऑस्ट्रेलिया के टी20 टीम (पहिला दू मैच खातिर): मिचेल मार्श (कप्तान), शॉन एबॉट, जेवियर बार्टलेट, टिम डेविड, बेन ड्वार्शुइस, नाथन एलिस, जोश हेजलवुड, ट्रेविस हेड, जोश इंग्लिस, मैथ्यू कुहनेमन, मिचेल ओवेन, मैथ्यू शॉर्ट, मार्कस स्टोइनिस, एडम जैम्पा।
भारत के खिलाफ चुनौतीपूर्ण दौरा
भारत के ऑस्ट्रेलिया दौरा पs वनडे आ टी20 दूनो प्रारूपन में ऑस्ट्रेलिया के कड़ा चुनौती के सामना करे के पड़ी। भारतीय टीम हाल में बेहतरीन फॉर्म में बिया आ रोहित-विराट के वापसी के बाद आउर संतुलित हो गइल बिया। स्टार्क के वापसी ऑस्ट्रेलिया के गेंदबाजी में धार जरूर जोड़ी, बाकिर पैट कमिंस के गैरमौजूदगी टीम खातिर एगो बड़ खालीपन छोड़ सकत बा। ई सीरीज दूनो टीमन खातिर ना खाली विश्व कप के तइयारी, बलुक टेस्ट सीजन के दिशा तय करे वाला मंच साबित हो सकत बा।
Read Also: Bihar Election 2025 : दू चरण में होई विधानसभा चुनाव, 6 आ 11 नवंबर के पड़ी वोट, 14 नवंबर के आई नतीजा