Rahul Dravid के बेटा अनवय बनलें कर्नाटक टीम के कप्तान, पिता के तरे गर्व से भइल सीना चौड़ा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 7, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के पूर्व कप्तान राहुल द्रविड़ के बेटा अनवय द्रविड़ बड़ उपलब्धि हासिल कइले बाड़ें। अनवय के आवे वाला वीनू मांकड ट्रॉफी खातिर कर्नाटक के कप्तान बनावल गइल बा। वीनू मांकड ट्रॉफी

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के पूर्व कप्तान राहुल द्रविड़ के बेटा अनवय द्रविड़ बड़ उपलब्धि हासिल कइले बाड़ें। अनवय के आवे वाला वीनू मांकड ट्रॉफी खातिर कर्नाटक के कप्तान बनावल गइल बा। वीनू मांकड ट्रॉफी भारत के प्रतिष्ठित अंडर-19 वनडे टूर्नामेंट ह।

वीनू मांकड ट्रॉफी देस के कइयन गो नवीन सितारा देले बा। अनवय के जूनियर स्तर पs लगातार बेहतर प्रदर्शन के कारण कप्तान बनावल गइल बा। 18 साल के अनवय प्रतियोगिता के पिछला संस्करण में कर्नाटक के टॉप स्कोरर रहलें। ऊ राज्य के सबसे प्रतिभाशाली क्रिकेटर बनके उभरल बाड़ें।

अनवय के पिछला कुछ साल में फॉर्म जबरदस्त रहल बा। विकेटकीपर बल्लेबाज अंडर-16 विजय मर्चेंट ट्रॉफी में 6 मैच में 91.80 के सानदार औसत से 459 रन बनवलें। उ कर्नाटक के टॉप स्कोरर रहलें। एह दौरान दूगो शतक ठोकलें आ 46गो बाउंड्री जमवलें। लगातार प्रदर्शन आ सौम्यता के कारण अनवय के राज्य क्रिकेट में बहुते नाम बढ़ल।

वीनू मांकड ट्रॉफी खातिर कर्नाटक के स्क्वाड:
अनवय द्रविड़ (कप्तान आ विकेटकीपर), नितीश आर्य, आदर्श डी उर्स, एस मणिकांत (उप-कप्तान), प्रणीत शेट्टी, वयस वेंकटेश, अक्षत प्रभाकर, सी वैभव, कुलदीप सिंह पुरोहित, रतन बीआर, वैभव शर्मा, केए तेजस, अथर्व मालवीय, सनी कांची, रेहान मोहम्मद (विकेटकीपर)।

Read Also: Bihar Election 2025 : चुनाव के हो गइल घोषणा, बाकिर बंटवारा पs अभी ले नइखे बनल बात, एनडीए आ इंडिया गठबंधन में चल रहल  बा मंथन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.