IND vs AUS: सेमीफाइनल से पहिले ऑस्ट्रेलियन टीम में धाकड़ खिलाड़ी के एंट्री, अचानक बदल गइल टीम

IND vs AUS: सेमीफाइनल से पहिले ऑस्ट्रेलियन टीम में धाकड़ खिलाड़ी के एंट्री, अचानक बदल गइल टीम

Share

आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के सेमीफाइनल के कार्यक्रम तय हो गइल बा. पहिला सेमीफाइनल मैच में विश्व चैंपियन आस्ट्रेलिया के मुकाबला भारत से होखी जबकि दुसरका सेमीफाइनल मैच में न्यूजीलैंड के मुकाबला दक्षिण अफ्रीका से होखी. सेमीफाइनल के मैच चार मार्च से शुरू होखी. एकरा से पहिले आस्ट्रेलियाई टीम के बड़हन झटका लागल बा. आस्ट्रेलिया के ओपनर मैथ्यू शॉर्ट चोट के चलते एह टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बाड़न. 28 फरवरी के अफगानिस्तान के खिलाफ मैच के दौरान शॉर्ट के पिंडली में चोट लागल रहे जवना चलते ऊ एह टूर्नामेंट के बाकी हिस्सा में ना खेल पवले बाड़न. अइसना में आस्ट्रेलिया मैथ्यू शॉर्ट के रिप्लेसमेंट लेबे के एलान कइले बा.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

मजबूत ऑलराउंडर के मौका मिलल


भारत का खिलाफ चैंपियंस ट्रॉफी के सेमीफाइनल के महत्वपूर्ण मैच से पहिले घायल ओपनर मैथ्यू शॉर्ट के जगहा आस्ट्रेलिया ऑलराउंडर कोनोर कोनोली के टीम में शामिल कs लिहले बा.  कोनोली के पहिलहीं से रिजर्व खिलाड़ी के रूप में आस्ट्रेलियाई टीम में शामिल कइल गइल रहे. 24 बरीस के ई ऑलराउंडर आस्ट्रेलिया खातिर छह गो अंतर्राष्ट्रीय मैच खेल चुकल बाड़न जवना में तीन गो वनडे मैच शामिल बा आ अब एह टूर्नामेंट के महत्वपूर्ण दौर में टीम में शामिल होखीहें. कोनोली मुख्य रूप से मिडिल ऑर्डर के बल्लेबाज हउवें बाकिर स्पिन से गेंदबाजी करे में भी सक्षम बाड़न. भारत के खिलाफ होखे वाला मैच में ऊ आस्ट्रेलिया खातिर एगो अतिरिक्त गेंदबाजी विकल्प साबित हो सकेलें. 

सोलह साल बाद पहिला बेर आस्ट्रेलिया चैंपियंस ट्रॉफी के नॉकआउट में चहुँपे में कामयाब हो गइल बा.  पांच बेर के वनडे विश्व कप विजेता आस्ट्रेलिया आखिरी बेर साल 2009 में चैंपियंस ट्रॉफी जीतले रहुवे आ अब अपना यशस्वी रिकार्ड में एगो अउरी आईसीसी खिताब जोड़े के लक्ष्य राखत रही. हालांकि ओकरा खातिर आस्ट्रेलिया के सेमीफाइनल में भारत के चुनौती के सामना करे के पड़ी आ ओकरा बाद फाइनल में जीते के पड़ी. 

ऑस्‍ट्रेलियन क्रिकेट टीम: स्टीव स्मिथ (कप्तान), सीन एबॉट, एलेक्स कैरी, बेन ड्वार्शुइस, नाथन एलिस, जेक फ्रेज मैक्गर्क, आरोन हार्डी, ट्रेविस हेड, जोश इंगलिस, स्पेंसर जॉनसन, मार्नस लाबुशेन, ग्लेन मैक्सवेल, तनवीर सांघा, कूपर कोनोली, एडम जम्‍पा।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-