Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गुजरात के सूरत के लगे ट्रेन पलटावे के कोशिश… 

43
Google Ads 300*250 for posts

 

 

गुजरात के सूरत में ट्रेन पलटे के साजिश रचल गइल बा. पटरी पs लगावल फिश प्लेट आ चाभी खोल के फेंक दिहल गइल बा. समय पs मिलल जानकारी के चलते एगो बड़ दुर्घटना टल गईल। पटरी के मरम्मत के बाद रूट खोल दिहल गईल बा। मामला गुजरात के वडोदरा डिवीजन के बा।

पूरा बात का बा?

गुजरात के सूरत के लगे किम स्टेशन के लगे ट्रेन के पलटावे खातिर पटरी पs फिश प्लेट आ चाभी खोल के फेंक दिहल गइल बाकिर कीमैन के सूझबूझ के चलते कवनो बड़हन ट्रेन दुर्घटना से बचाव हो गइल. आज सबेरे पांच बजे के करीब जब रेलवे के कीमैन सुभाष कुमार पटरी के निरीक्षण करे गईले तs देखले कि पटरी फिश प्लेट के खोल के चाभी एक ओर फेंक दिहल गईल बा।

कीमैन तुरंत स्टेशन मास्टर अवुरी आरपीएफ के घटना के जानकारी देले। रेल प्रशासन भी तुरंत कार्रवाई में आ गईल अवुरी पटरी के मरम्मत कs दिहल गईल ताकि एs रूट पs ट्रेन के संचालन में कवनो बाधा ना आवे।

घटना आज सबेरे 5:40 के हs। घटना के स्थान गुजरात के सूरत में पड़े वाला कोसाम्बा जंक्शन रेलवे स्टेशन हs।

 

 

 

963380cookie-checkगुजरात के सूरत के लगे ट्रेन पलटावे के कोशिश… 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.