Assam : सुखोई हादसा में दु गो पायलट शहीद, जोरहाट एयरबेस से उड़ला के बाद लड़ाकू जहाज हो गइल रहे लापता

Share

सेंट्रल डेस्क। असम में भारतीय वायु सेना के एगो सुखोई Su-30MKI लड़ाकू जहाज ट्रेनिंग मिशन के दौरान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। ई जहाज कार्बी आंगलोंग जिला के पहाड़ी आ जंगल वाला इलाका में गिर गइल। एह दुखद हादसा में जहाज पs सवार दुन्नो पायलट शहीद हो गइल लोग।

वायु सेना के अधिकारी बतवलें कि ई विमान नियमित ट्रेनिंग मिशन पs निकलल रहे। जहाज बियफे के सांझ जोरहाट एयरबेस से उड़ान भरलस। उड़ान भरला के कुछे देर बाद कंट्रोल रूम से जहाज के संपर्क टूट गइल आ ई अचानके रडार से गायब हो गइल। एह घटना के बाद वायु सेना तुरंत खोज अभियान सुरू कइलस। बाद में सुक के सबेरे खोज टीम के जहाज के मलबा मिल गइल।

रक्षा विभाग के एगो अधिकारी बतवलें कि वायु सेना के सर्च आ रेस्क्यू टीम, सिविल प्रशासन, पुलिस आ गांव के लोगन के मदद से रात करीब एक बजे घटना स्थल तक पहुंच गइल। ओह लोगन के दुर्घटनाग्रस्त जहाज के मलबा खोजे में सफलता मिलल। ई जगह जोरहाट एयरबेस से करीब 60 किलोमीटर दूर दुर्गम पहाड़ी इलाका में बा।

वायु सेना घटना के पुष्टि करत जांच के आदेस दे देले बिया। जांच टीम ई पता लगावे में जुटल बिया कि आखिर ई हादसा कइसन परिस्थिति में भइल। जानकारी खातिर बता दीं कि सुखोई-30 MKI भारतीय वायु सेना के सबसे ताकतवर आ आधुनिक लड़ाकू विमान में से एगो मानल जाला। एह हादसा से वायु सेना के बड़ नुकसान भइल बा।

Read Also: Rajyasabha Election : कांग्रेस जारी कइलस छव उम्मीदवारन के लिस्ट, अभिषेक मनु सिंघवी सहित कइयन गो बड़ नाम सामिल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-