Asian Games 2023: टेनिस में भारत के मिलल गोल्ड, जानी मेडल टैली के पूरा हाल

Share

 

चीन के हांगझोउ में शनिचर 30 सितंबर के भइल 19वां एशियाई खेलन में भारत के स्वर्णिम शुरुआत भइल। टेनिस में साकेत मिनेनी आ रामानाथन रामकुमार के रजत पदक के बाद रोहन बोपन्नी आ रुतुजा भोसले के जोड़ी मिक्स युगल में चमत्कार कइलस। आखिरी मैच में बोपन्ना आ रुतुजा के जोड़ी चीनी ताइपे के जोड़ी के 2-6, 6-3, 10-4 से हरा दिहलस। मैच टाईब्रेकर में चल गइल आ आखिर में भारतीय जोड़ी रोमांचक जीत दर्ज कs लिहलस। एह खेलन में भारत खातिर ई 9वां स्वर्ण पदक रहल। जबकि कुल मिलाके इ 35वां स्वर्ण पदक रहे।

मेडल टैली के का हाल बा?

अगर हाल के मेडल टैली के बात करीं त भारत अबहियो एहमें चउथा जगहा पs बा। भारत अबले कुल 9 गो स्वर्ण, 13 रजत आ 13 गो कांस्य पदक जीत चुकल बा। जबकि मेजबान चीन सबसे ऊपर बा जवन 106 स्वर्ण, 65 रजत आ 33 कांस्य पदक जीत चुकल बा। जबकि जापान 28 आ दक्षिण कोरिया 27 स्वर्ण के साथ क्रमशः दूसरा आ तीसरा स्थान पर बा।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-