Asia Cup 2025 : एशिया कप से पहिले भारतीय खिलाड़ियन के परीक्षण, फिटनेस टेस्ट पास कइल लो; नव सितंबर से होई आगाज

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के टेस्ट कप्तान शुभमन गिल आ एकदिवसीय कप्तान रोहित शर्मा (Rohit Sharma) सहित भारतीय क्रिकेटर बीसीसीआई सेंटर ऑफ एक्सीलेंस में आयोजित सत्र पूर्व फिटनेस परीक्षण पास कs लिहल लो। गिल आ उनकर साथी जसप्रीत बुमराह आ जितेश शर्मा फिटनेस मानकन पs खरा उतरल बा लो। पंजाब के ई 25 वर्षीय बल्लेबाज के एह टी-20 टूर्नामेंट खातिर भारत के उप कप्तान बनावल गइल बा। भारतीय टीम नव सितंबर से सुरू होखे वाला एशिया कप खातिर जल्दिये दुबई रवाना होई।

ई खिलाड़ी पास कइल लो फिटनेस टेस्ट

गिल खातिर फिटनेस परीक्षण अनिवार्य हो गइल रहे काहेकि उनका बुखार के कारण दलीप ट्रॉफी से हटे के पड़ल रहे जहां उनका के उत्तर क्षेत्र के कप्तान बनावल गइल रहे आ उ पिछला कुछ दिन से अपना गृहनगर में आराम करत रहस। समाचार एजेंसी पीटीआई के पता चलल बा कि जवन आउर खिलाड़ी बिना कवनो समस्या के सेंटर ऑफ एक्सीलेंस में परीक्षण पास कइले बस लो ओमे मोहम्मद सिराज, यशस्वी जायसवाल, वाशिंगटन सुंदर आ शार्दुल ठाकुर सामिल बा लो।

मानक यो-यो परीक्षण के अलावा फिटनेस परीक्षण के दौरान हड्डियन के घनत्व के जांच खातिर एगो सरलीकृत विधि डीएक्सए स्कैन कइल गइल। जायसवाल आ वाशिंगटन डी महाद्वीपीय प्रतियोगिता खातिर स्टैंडबाई सूची में बा लो जबकि शार्दुल चार सितंबर से मध्य क्षेत्र के खिलाफ दलीप ट्रॉफी सेमीफाइनल में पश्चिम क्षेत्र के कप्तानी करे खातिर शहर में रहिहें।

रोहित के सेंटर ऑफ एक्सीलेंस में प्रशिक्षण खातिर बंगलूरू में रहे के संभावना

टेस्ट आ टी20 प्रारूपन से संन्यास लेला के बाद रोहित के लगे तत्काल कवनो कार्यभार नइखे बाकिर ई सीनियर बल्लेबाज नवंबर में वनडे सीरीज खातिर ऑस्ट्रेलिया जा सकत बाड़ें आ ओकरा पहिले उ 30 सितंबर, तीन आ पांच अक्तूबर के कानपुर में ऑस्ट्रेलिया ए के खिलाफ भारत ए खातिर तीन वनडे मैच खेल सकत बाड़ें। एकर पुष्टि अभी बाकी बा बाकिर रोहित के सेंटर ऑफ एक्सीलेंस में प्रशिक्षण खातिर कुछ आउर दिन शहर में रहे के संभावना बा।

एशिया कप टीम के आउर सदस्य जइसे अर्शदीप सिंह, हर्षित राणा, कुलदीप यादव आ रियान पराग (स्टैंडबाय) आपन-आपन क्षेत्रीय टीमन खातिर दलीप ट्रॉफी क्वार्टर फाइनल में खेल चुकल बा लो आ अब ओह लोग खातिर अलग से फिटनेस टेस्ट ना होई। स्टैंडबाई खिलाड़ियन में सामिल विकेटकीपर बल्लेबाज ध्रुव जुरेल कमर में दरद के कारण दलीप ट्रॉफी क्वार्टर फाइनल से बाहर हो गइल रहस आ मध्य क्षेत्र के ई कप्तान अभियो मेडिकल टीम के निगरानी में बा।

Read Also: Asia Cup 2025: एशिया कप से पहिले भारतीय खिलाड़ियन के परीक्षण, फिटनेस टेस्ट पास कइल लो; नव सितंबर से होई आगाज

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-