स्पोर्ट्स डेस्क। एशिया कप 2025 के सुपर-4 के आखिरी मुकाबला में भारत आ श्रीलंका के बीच जबरदस्त रोमांच देखे के मिलल। दुबई इंटरनेशनल स्टेडियम में खेलल गइल एह मैच में दुनो टीम 20-20 ओवर में पांच विकेट खो के 202 रन बनवलस। मुकाबला टाई होखला के बाद नतीजा सुपरओवर से निकलल।
सुपरओवर के रोमांच
श्रीलंका सुपरओवर में पहिले बल्लेबाजी करत मात्र 2 रन बना सकल। भारत खातिर लक्ष्य रहे 3 रन। जवाब में कप्तान सूर्यकुमार यादव पहिलके गेना पs तीन रन पूरा कs के टीम इंडिया के सानदार जीत दिला देलें। एह जीत से पहिलही भारत फाइनल में पहुंच गइल रहे, जहां ओकर भिड़ंत पाकिसतान से होई। एशिया कप के 41 साल के इतिहास में पहिला बेर भारत-पाकिस्तान फाइनल में टकराई।
श्रीलंका के सुपरओवर
पहिला गेना: अर्शदीप सिंह कुसल परेरा के आउट कइलें।
दूसरका गेना: नया बल्लेबाज कामिंदु मेंडिस एक रन लेलें।
तीसरका गेना: दसुन शनाका रन ना बना सकलें।
वाइड गेना: स्कोर बढ़ के 2/1 भइल।
चउथा गेना: शनाका अपील में कैच आउट घोषित भइलें, बाकिर रिव्यू से बच गइलें।
पांचवां गेना: अर्शदीप फेर शनाका के जितेश शर्मा के हाथ में कैच करवलें।
भारत के सुपरओवर
भारत के बस तीन रन चाहत रहे। सूर्यकुमार यादव पहिलके गेना पs तीन रन लेलें आ टीम इंडिया जीत सुनिश्चित कs देलस।
भारत के पारी
अभिषेक शर्मा धमाकेदार फॉर्म में चलत बाड़ें, ऊ 31 गेना पs 61 रन बनवलें। संजू सैमसन 22 गेना पs 39 रन बनवलें। तिलक वर्मा नाबाद 49 रन बनवलें। भारत 20 ओवर में पांच विकेट पs 202 रन बनवलस, जवन एह टूर्नामेंट के सबसे बड़ स्कोर रहे।
श्रीलंका के पारी
पथुम निसंका शानदार बल्लेबाजी करत (58 गेना पs 107 रन) शतक लगवलें। उनका संगे कुसल परेरा 32 गेना पs 58 रन बनवलें। दुनो मिलके भारत के गेंदबाजन के दबाव में डाल दिहल लोग। बाकिर आखिर में श्रीलंका बराबरी के स्कोर तक पहुंच सकल आ मैच सुपरओवर में चल गइल।
भारत के गेंदबाजी में प्रदर्शन
अर्शदीप सिंह निर्णायक गेंदबाजी कइलें, सुपरओवर में मात्र 2 रन देलें।
हर्षित राणा आखिरी ओवर में 11रन खर्च कइलें।
अक्षर पटेल 3 ओवर में 32 रन देलें।
भारत लगातार छठा जीत दर्ज करत फाइनल में पाकिस्तान से टकराये खातिर तइयार बा।
Read Also: Ladakh Voilence : सोनम वांगचुक NSA में गिरफ्तार, भड़काऊ बयान से भीड़ के उकसावे के बा आरोप