जेल में केजरीवाल के सेहत बिगड़ल, गिरफ्तारी के 14 दिन के भीतर घट गइल 4.5 किलो वजन, आतिशी कहले- कुछु हो गइल तs… 

Minee Upadhyay

 

दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के तिहाड़ जेल में बंद करावे के लेके बड़ खबर सामने आईल बा। दिल्ली सरकार के मंत्री आतिशी अपना एक्स हैंडल पs पोस्ट कईले बाड़े कि गिरफ्तारी के बाद से केजरीवाल के वजन में 4.5 किलो के कमी आईल बा।

आतिशी का कहले?

आतिशी एक्स पs पोस्ट कईले अवुरी लिखले कि, ‘अरविंद केजरीवाल गंभीर डायबिटीज के रोगी हवे।’ स्वास्थ्य समस्या के बावजूद उs 24 घंटा देश के सेवा में लागल रहले। गिरफ्तारी के बाद से अरविंद केजरीवाल के वजन में 4.5 किलो के कमी आईल बा। ई बात बहुते चिंता के विषय बा। आज भाजपा उनुका के जेल में डाल के उनुका सेहत के खतरा में डाल रहल बिया। अगर अरविंद केजरीवाल के कुछ हो गइल तs पूरा देश के तs बाते छोड़ दीं भगवानो माफ ना करीहें।

आम आदमी पार्टी के सूत्र इs बतवले

आम आदमी पार्टी के सूत्र बतावत बाड़े कि तिहाड़ जेल में केजरीवाल के वजन तेजी से गिर रहल बा। गिरफ्तारी के बाद से उनुकर वजन साढ़े चार किलो कम हो गईल बा। तेजी से घटत वजन पs डॉक्टर चिंता जतवले बाड़े।

तिहाड़ के सूत्र इs बात बतवले

तिहाड़ सूत्र के मुताबिक अरविंद केजरीवाल बिल्कुल स्वस्थ बाड़े। तिहाड़ के डॉक्टर उनुका स्वास्थ्य के लेके कवनो चिंता नईखन जतवले। उs आपन रोजमर्रा के काम करत बाड़े अवुरी खाना भी खा रहल बाड़े।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।