[the_ad_group id="30365"]

UP Politics: लोकसभा चुनाव में समीकरण फिट करे खातिर कांग्रेस के नया पैंतरा, नामांकन से पहिले ए जिला में कइलस बड़ बदलाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Up poltics: कांग्रेस पार्टी चुनाव से ठीक पहिले आगरा जिला में बदलस कमान। महानगर के कमान अमित सिंह दिवाकर के सउंपल गइल। ओहिजा अरुण शर्मा के जिलाध्यक्ष बनावल गइल बा। कांग्रेस आ सपा गठबंधन में फतेहपुर सीकरी के सीट पऽ कांग्रेस प्रत्याशी मैदान में बाड़े।

कांग्रेस लोकसभा चुनाव के घोषणा होखला के बाद आपन जिला आ महानगर दुनु अध्यक्षन में बदलाव कर देले बिया। पार्टी जिलाध्यक्ष के कमान अरुण शर्मा आ महानगर अध्यक्ष अमित सिंह दिवाकर के बनवले बा।

एक एक सीट के भइल बा बंटवारा

सपा-कांग्रेस गठबंधन जिला के दुनु लोकसभा सीट के एक-एक बांट लेलस। कांग्रेस आपन फतेहपुर सीकरी के आपन मजबूत सीट बतावत ओपर कब्जा कइले बिया। ए सीट से रामनाथ सिकरवार के पार्टी मैदान में उतारले बिया। ओहिजा सपा आगरा लोकसभा से अबहियों आपन प्रत्याशी के लेके चिंतन कर रहल बिया।

भाजपा आ बसपा कर देले बिया प्रत्याशी घाेषित

भाजपा आ बसपा दुनु आपन पता खोल देले बिया। अइसे में कांग्रेस संगठनात्मक बदलाव कऽ के हलचल कऽ देले बिया। महानगर अध्यक्ष पऽ एनएसयूआई के जिलाध्यक्ष, राष्ट्रीय सचिव से लेके राष्ट्रीय महासचिव के कमान संभाल चुकल अमित सिंह के जिम्मेदारी सउंपले बिया। उऽ पिछलिका दिन उत्तर प्रदेश कांग्रेस कमेटी में सचिवो रह चुकल बाड़े, जबकि वर्तमान में एआइसीसी सदस्य रहलें। छात्र राजनीति से लेके राष्ट्रीय राजनीति के संघर्ष के ध्यान में राखत उऽ मौजूदा अध्यक्ष देवेंद्र कुमार चिल्लू के स्थान पऽ जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

अरुण शर्मा के बनावल गइल जिलाध्यक्ष

ओहिजा मौजूदा जिलाध्क्ष राघवेंद्र सिंह मीनू के स्थान पऽ बाह निवासी अरुण शर्मा के संगठन के जिम्मेदारी सउंपल गइल बा। उऽ जिला में महासचिव के जिम्मेदारी संभाल रहल बाड़े। फतेहपुर सीकरी में पार्टी ठाकुर समाज के प्रत्याशी उतरले बिया, जबकि ए सीट पऽ ब्राह्मण वोट सर्वाधिक आ निर्णायक स्थिति में बा। अइसे में समाज में सेंध लगावे खातिर उनका के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]