Delhi Police के गुंडई पs उतारे जात बिया भाजपा, केजरीवाल Video शेयर कs लगवले आरोप

Minee Upadhyay
अरविंद केजरीवाल

दिल्ली विधानसभा चुनाव खातिर सगरी राजनीतिक दल तइयार हो गइल बाड़े.  दिल्ली में 5 फरवरी के मतदान होई।  एकरा से पहिले आम आदमी पार्टी के मुखिया अरविंद केजरीवाल भाजपा पs दिल्ली चुनाव में धांधली करे के आरोप लगवले बाड़े। केजरीवाल अपना आधिकारिक एक्स हैंडल से एगो वीडियो शेयर कईले बाड़े।  जवना में उs दिल्ली के जनता के संबोधित करत देखाई देतारे।  वीडियो में केजरीवाल दिल्ली के जनता के चेतावत देखाई देतारे।

केजरीवाल आपन जीत के दावा कईले

अपना संबोधन के दौरान अरविंद केजरीवाल कहले कि, “पूरी दिल्ली के माहौल साबित कs देले बा कि आम आदमी पार्टी के ऐतिहासिक जीत दर्ज करे वाली बिया अवुरी भारतीय जनता पार्टी अपना अस्तित्व के सबसे खराब हार के ओर बढ़ता। एहसे साफ बा कि भारतीय जनता पार्टी चुनाव के प्रभावित करे खातिर कुछुओ करी।” 

“भाजपा दिल्ली पुलिस के दुरुपयोग करी”

केजरीवाल आगे कहले कि भारतीय जनता पार्टी के सूत्र से पता चलल बा कि भाजपा एs चुनाव में दिल्ली पुलिस के दुरुपयोग करे वाली बिया।  तमाम कानून अवुरी संविधान के एक तरफ राखत भाजपा दिल्ली पुलिस के पूरा गुंडागर्दी के सोझा उजागर करे जा रहल बिया।  भाजपा अपना गुंडा के इस्तेमाल लोग के डेरवावे आ जबरन रउरा से वोट लेबे में करी.

भाजपा नोट के बदले वोट के काम करे जा रहल बिया- केजरीवाल

केजरीवाल भाजपा पs दिल्ली के गरीब जनता के लगे जाके गुमराह कs के वोट देवे के आरोप भी लगवले।  दिल्ली के जनता के चेतावत उs कहले कि, इs लोग आपके लगे अईहे, हाथ में बक्सा लेके खुद के चुनाव आयोग के घोषित कs दिहे। ओकरा बाद इs लोग आपके एगो कागज देके ओकरा में आपन वोट डाले के कह दिहे आ अँगुरी पs करिया स्याही लगाईं जेहसे कि रउरा बूथ पs वोट ना जा पाईं कि चुनाव आयोग घर में मतदान ना करे ई धोखाधड़ी हs आ रउरा एह धोखाधड़ी में ना पड़े के चाहीं.  अब ले हमरा झुग्गी-झोपड़ी से बहुत फोन आईल बा, जवना में लोग बतावत बाड़े कि भाजपा अयीसन काम करे शुरू कs देले बिया।”
इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ 70 के दशक के सुपर हिट हीरो जेकरा के ओवर कॉन्फिडेन्स कs दिहलस करियर बर्बाद

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment