Arvind Kejriwal: केजरीवाल के गिरफ्तारी के खिलाफ आज AAP के भाजपा मुख्यालयन के लगे देशभर में प्रदर्शन

Share

Arvind Kejriwal: आम आदमी पार्टी आज दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के गिरफ्तारी के खिलाफ देशभर में प्रदर्शन करी। ई प्रदर्शन भाजपा मुख्यालयन के लगे कइल जाई। आप आरोप लगावत घरी कहलस कि उनका नेता के सुप्रीम कोर्ट से जमानत मिले वाला रहे। तबे केंद्र केजरीवाल के सीबीआई से गिरफ्तार करवा देलस। बीजेपी AAP के खत्म कइल चाहऽ तिया। Bjp के कानून से कवनो लेना-देना नइखे।

22 राज्यन में ‘‘आप’’ कार्यकर्ता करीहें विरोध प्रदर्शन

एही तरे, पंजाब, हरियाणा, उत्तर प्रदेश, महाराष्ट्र, गुजरात, मध्य प्रदेश समेत 22 राज्यन में भाजपा मुख्यालय पs ‘‘आप’’ कार्यकर्ता विरोध प्रदर्शन कऽ के आपन आवाज बुलंद करीहें। आप के कहनाम बा कि अरविंद केजरीवाल के सुप्रीम कोर्ट से जमानत मिले वाला रहे।

फर्जी मुकदमा लगा के फंसावे के हो रहल कोशिश-आप

तबे भाजपा के केंद्र सरकार सीबीआई से उनका के गिरफ्तार करा लेलस। भाजपा, आम आदमी पार्टी के खत्म कइल चाहऽ तिया आ अरविंद केजरीवाल (Arvind Kejriwal) के चुनाव से दूर राखल चाहऽ तिया। एहिसे केजरीवाल पs फर्जी मुकदमा लगा के फंसावे के कोशिश कर रहल बिया।

आम आदमी पार्टी के कहनाम बा कि भाजपा (BJP News) के केंद्र सरकार अपना राजनीतिक उद्देश्यन खातिर सब केंद्रीय जांच एजेंसियन के दुरुपयोग कर रहल बिया। सीबीआई पिछला दु सालन तक सीएम केजरीवाल के तथाकथित शराब मामला में आरोपी ना बनवले रहे। बाकिर जब भाजपा के लागल कि अरविंद केजरीवाल के सुप्रीम कोर्ट से जमानत मिले वाला बा, तऽ उऽ सीबीआई के आगे कऽ देलन।

इनका लो के कानून से कवनो लेना-देना नइखे – आम आदमी पार्टी

इनका लो के मकसद कवनो केस के जांच कइल नइखे आ नाहीं इनका लो के कानून से कवनो लेना-देना बा। भाजपा चाहऽ तिया कि कवनो तरे से केजरीवाल के जेल में राखल जाव, उनका के चुनाव से दूर राखल जाव आ आम आदमी पार्टी के खत्म कइल जाव। एहिसे भाजपा अपना राजनीतिक उद्देश्यन के पूरा करे खातिर केंद्रीय संस्था के दुरुपयोग कर रहल बिया।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-