Bihar: IPS आदित्य के गिरफ्तारी के वारंट जारी, आर्थिक अपराध इकाई गिरफ्तारी खातिर विशेष टीम के कइलस गठन

Share

Bihar में आईपीएस अधिकारी आदित्य के गिरफ्तारी के वारंट जारी हो गइल बा। अपना जालसाज दोस्त के फर्जी चीफ जस्टिस बनाके डीजीपी के फोन करे आ अपना ऊपर लागल शराबबंदी से जुड़ल केस के हटवावे के ममिला में फरार चल रहल गया के आदित्य कुमार के गिरफ्तारी खातिर आर्थिक अपराध इकाई विशेष टीम के गठन क दिहले बा। अपर पुलिस महानिदेशक जितेंद्र सिंह गंगवार सुक के एकर जानकारी देलस। गंगवार बतवलें कि एसआइटी गिरफ्तारी खातिर पूरा देश में छापेमारी क सकत बिया। एकरा खातिर ओकरा के सब तरे के संसाधनन से लैस कइल गइल बा।

15 अक्टूबर से फरार बाड़े आदित्य

आदित्य 15 अक्टूबर से फरार बाड़े। उनका के सस्पेंडो क दिहल गइल बा। इओयू फरार आइपीएस के धरपकड़ के संगे ओह पुलिस पदाधिकारी- कर्मियन के तलाश कर रहल बिया जे उनका के फरार करावे में मदगार रहल बा। इओयू के आशंका बा कि पुलिस के कवनो अधिकारिये आदित्य के केस दर्ज होखे के सूचना देले बा। आदित्य के सरकारी सुरक्षाकर्मी से पूछताछ के बात सामने आ रहल बा। पूरा तामझाम आ रौब से रहे वाला आदित्य सरकारी गनर के साथे ना तs गनर केकरा सूचना देले रहे, इहो जांच के हिस्सा बा कि पुलिस मुख्यालय के एगो अधिकारी पहचान छिपावत बतवलें कि फरार आइपीएस के सरकारी गनर आ आवास प तैनात पुलिस विभाग के कर्मचारी लोग जदि समय से सूचना देले रहे लो त ऊ इओयू के तत्काल काहे ना

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-