FIFA WC के फाइनल में पहुंचल अर्जेंटीना, सेमीफाइनल में मेसी के सानदार प्रदर्शन, क्रोएशिया के 3-0 से हरवलस

Anurag Ranjan

कतर में चल रहल फुटबॉल विश्व कप के पहिला सेमीफाइनल मैच के अर्जेंटीना जीत के आठ साल बाद फाइनल में जगह बना लेले बा। अर्जेंटीना क्रोएशिया के 3-0 से हरा देलस। एकरा पहिले ऊ साल 2014 में फाइनल तक पहुंचल रहे, बाकिर जर्मनी ओकरा के शिकस्त दे देले रहे।

अबकी बेर अर्जेंटीना छउवा बेर विश्व कप के इतिहास में फाइनल खेले मैदान में उतरल। ई मैच 18 दिसंबर के खेलल जाई। ओहिजा फाइनल में अर्जेंटीना के मुकबला फ्रांस आ मोरक्को सेमीफाइनल के विजेता टीम सामिल होई।

लियोनल मेसी अपना सानदार खेल के दम पर अर्जेंटीना को फाइनल में पहुंचवलें। बता दीं कि मेसी के कप्तानी में अर्जेंटीना के टीम दूसरका बेर फाइनल खेले जा रहल बिया। एकरा पहिले  2014 में उनका टीम के खिताबी मुकाबला में जर्मनी हरा देले रहे। ओहिज आज अर्जेंटीना लुसैल स्टेडियम में पिछला बेर के उप विजेता टीम क्रोएशिया के 3-0 से हरा देलस। अब ओकर मुकाबला फ्रांस भा मोरक्को, जवन कवनो फाइनल में पहुंची ओकरा संगे होई। फाइनल मैच 18 दिसंबर के एही मैदान पर खेलल जाई।

अर्जेंटीना के जर्मनी हरवले रहे

अर्जेंटीना के 1930 में उरुग्वे हरवले रहे। ओहिजा 1978 के फाइनल में अर्जेंटीना नीदरलैंड के हराके पहिला बेर खिताब पर कब्जा कइले रहे। ओकरा बाद 1986 में ऊ वेस्ट जर्मनी के फाइनल में शिकस्त देले रहे। फेर 1990 में वेस्ट जर्मनी के खिलाफ खिताबी मैच में टीम हार गइल रहे। ओहिजा, 2014 में ओकरा के जर्मनी हरा देले रहे।

मेसी के सानदार प्रदर्शन

सेमीफाइनल मैच में मेसी सानदार प्रदर्शन कइलें। ऊ टीम खातिर पहिला गोल पेनल्टी पर 34वां मिनट में कइलें। एकरा बाद जूलियन अल्वारेज 39 वां मिनट में एगो आउर गोल कइलें। ओहिजा खेल के 69 वां मिनट में मेसी क्रोएशिया के कइयन खिलाड़ियन के छकावत गोलपोस्ट तक पहुंच गइलें लेकिन इहां मेसी के गोल करे के जगह ना मिलल। एह पर मेसी गेना के अल्वारेज के ओर मरलें आ ऊ आपन दूसरका आ टीम के तीसरा गोल दाग देलें।

विश्व कप में मिलल हार के बदला

एह जीत के संगही अर्जेंटिना क्रोएशिया से पिछला बेर विश्व कप में मिलल हार के बदलो ले लेलस। क्रोएशिया 2018 में रूस में भइल विश्व कप के ग्रुप दौर में अर्जेंटीना के 3-0 से हरा देले रहे।  क्रोएशिया के खिलाफ विश्व कप में भइल तीन मैचन में अर्जेंटीना के टीम अब तक दु बेर जीत चुकल बिया।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।