[the_ad_group id="30365"]

FIFA World Cup: फाइनल में भिड़ी फ्रांस आ अर्जेंटीना, France दूसरका सेमीफाइनल में मोरक्को के 2-0 से रउदलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गत चैंपियन फ्रांस दूसरका सेमीफाइनल मुकाबला में मोरक्को के 2-0 से हराके लगातार दूसरा बेर फाइनल में जगह बना लेलस। अब गत चैंपियन के मुकाबला अतवार के दु बेर के चैंपियन अर्जेंटीना से होई, जवन पहिला सेमीफाइनल में क्रोएशिया के हरवले रहे। अल बायत स्टेडियम में भइल मैच में फ्रांस खातिर पहिला हाफ में पांच मिनट के भीतर थिओ हर्नांडिज पहिला गोल दगलें। ओहिजा, दूसरका गोल दूसरा हाफ के अंतिम 15 मिनट में आइल।

उस्मान डेंबेले के जगह पs स्थानापन्न (Substitute) खिलाड़ी के रूप में आइल रैंडल कोलो मुआनी आवे के संगही पहिलके मिनट में एमबापे के पास पs निर्णायक गोल दगलें। लगातार उलटफेर कs के सेमीफाइनल तक पहुंचल मोरक्को के खिलाफ पहिला पांच मिनट में गोल दागे वाला फ्रांस पहिल टीम बनल। एकरा पहिले क्वार्टर फाइनल में पुर्तगाल के 1-0 से हराके डिफेंडरन के बल पs इहां तक पहुंचल मोरक्को जब तक संभरित फ्रांस बढ़त हासिल कs लेलस।

ओइसे, मोरक्को के तरफ से कइयन बेर प्रयास कइलस, बाकिर फ्रांस के गोलकीपर कप्तान हुगो लोरिस कवनो गलती ना कइलें आ सानदार बचाव कइलें। एकरा पहिले कप्तान लियोन मेसी आ जूलियन अल्वारेज के सानदार प्रदर्शन के बदौलत अर्जेंटीना मंगर के देर रात विश्व कप सेमीफाइनल मुकाबला में पिछला साल के उपविजेता क्रोएशिया के 3-0 से हराके फाइनल में जगह बनवले रहे।

मेसी अब ट्राफी जीते के सपना पूरा करे से एक डेग दूर बाड़ें। एह मुकाबला में मेसी ना खाली खेललें, बलुक विश्व कप में रिकार्ड 25 वां मैच में आपन सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शनो कइलें। मेसी पेनाल्टी पर गोल दगलें आ अल्वारेज के दु गोल में मददो कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]