Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

iPhone 16: कइयन गो पुरान आईफोन भइल सस्ता, कीमतन में 10,000 रुपिया तक के कटौती, देखीं लिस्ट

838
Google Ads 300*250 for posts

नया iPhone लाइनअप के लॉन्च के बाद Apple आमतौर पs पिछला मॉडलन के कीमतन में कटौती करेला। अबकी बेर एपल नव सितंबर के ‘इट्स ग्लोटाइम’ इवेंट में iPhone 16 सीरीज लॉन्च के बाद अइसन कइल गइल बा। एपल आपन पुरान Phone मॉडलन के कीमतन में 10,000 रुपिया तक के कटौती कइलस। Apple iPhone 16 सीरीज के बिक्री के बढ़वला खातिर कुछ पुरान आईफोन के बंद कइल गइल बा।

iPhone 15 आ iPhone 14 के कीमतन में कटौती
पिछला साल के iPhone 15 आ 2022 में लॉन्च भइल iPhone 14 अब Apple स्टोर ऑनलाइन पs 10,000 रुपिया सस्ता हो गइल बा। iPhone 15 के बेस मॉडल माने 128GB वेरिएंट अब 69,900 रुपिया के कीमत पs उपलब्ध बा, जबकि एकर लॉन्चिंग कीमत 79,900 रुपिया बा। 256GB वेरिएंट के कीमत अब 79,900 रुपिया बा, जबकि पहिले ई 89,900 रुपिया रहे। 512GB स्टोरेज वेरिएंट अब 99,900 रुपिया में उपलब्ध बा, जवन कि पहिले 1,09,900 रुपिया रहे।

एही तरे iPhone 14 के कीमत अब भारत में 128GB स्टोरेज मॉडल खातिर 59,900 रुपिया बा, जवन पहिले 69,900 रुपिया रहे। 256GB आ 512GB स्टोरेज मॉडल अब क्रमशः 69,900 रुपिया बा आ 89,900 रुपिया में उपलब्ध बा। iPhone 14 के 2022 में 79,900 रुपिया के सुरुआती कीमत पs लॉन्च कइल गइल रहे, बाकिर iPhone 15 रेंज के लॉन्च के बाद Apple पिछला साल एकर कीमतन में कटौती कइले रहे।

कइयन गो मॉडल भइल बंद

iPhone 15 ब्लैक, ब्लू, ग्रीन, पिंक आ येलो कलर में उपलब्ध बा। iPhone 14 के ब्लू, मिडनाइट ब्लैक, पर्पल, रेड, स्टारलाइट व्हाइट आ येलो कलर्स में किनल जा सकत बा। बता दीं कि iPhone 16 के कीमत 79,900 रुपिया से सुरू होला, जबकि बड़ iPhone 16 Plus मॉडल के सुरुआती कीमत 89,900 रुपिया बा। Apple iPhone 15 Pro आ iPhone 15 Pro Max मॉडल्स के भारत में बंद कs देले बा। ब्रांड अब iPhone 13 आ Watch Series 9 के नइखे बेचत।

954970cookie-checkiPhone 16: कइयन गो पुरान आईफोन भइल सस्ता, कीमतन में 10,000 रुपिया तक के कटौती, देखीं लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.