Apple डेज सेल में iPhone 16 सीरीज पs जबरदस्त छूट, जानीं पूरा डील

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। जदि रउआ नया आईफोन किने के सोचत बानी तs एपल डेज सेल 2026 रउआ खातिर बढ़िया मवका लेके आइल बा। एह सेल में iPhone 16 सीरीज, iPhone 15 आ iPhone Air सहित पूरा iPhone रेंज पs भारी डिस्काउंट मिल रहल बा। ई ऑफर ऑनलाइन के संगे-संगे 16 शहरन में मवजूद 160 से जादा रिटेल स्टोर पs उपलब्ध बा।

खरीदार लोग एह डिवाइस पs बैंक डिस्काउंट, एक्सचेंज बोनस आ रिवॉर्ड पॉइंट के फायदा उठा सकेला। खासकर iPhone 16, iPhone 16 Plus आ iPhone 16e पs बढ़िया ऑफर मिल रहल बा।

iPhone 16 आ iPhone 16 Plus पs ऑफर

iPhone 16 (128GB) के असली कीमत 69,900 रुपिया बा, बाकिर सेल में ई फोन अब 66,490 रुपिया में मिल रहल बा। जदि रउआ Axis, ICICI भा SBI बैंक कार्ड से भुगतान करेम तs 2,000 रुपिया तक के अतिरिक्त छूट मिल सकेला, जवना से कीमत घटके 64,490 रुपिया हो जाई।

एह से अलग कुछ चुनिंदा फोन पs 10,000 रुपिया तक के एक्सचेंज बोनस मिल रहल बा, जवना से नया फोन किने में आउर बचत हो सकेला। ओहिजा iPhone 16 Plus (128GB) के कीमत 79,900 रुपिया रहे, जवन अब घटके 73,490 रुपिया हो गइल बा। बैंक ऑफर के संगे ई कीमत आउर कम होके 71,490 रुपिया तक पहुंच सकेला।

iPhone 16e सस्ता

एह Apple डेज सेल में iPhone 16e पs अच्छा ऑफर मिल रहल बा। एह फोन के लॉन्च कीमत 59,900 रुपिया रहे, जवन अब घटके 55,690 रुपिया हो गइल बा। बैंक ऑफर के इस्तेमाल से एकरा पs 2,000 रुपिया के अतिरिक्त छूट मिल सकेला।

कुल मिलाके, जदि रउआ नया iPhone लेवे के प्लान करत बानी, तs एह समय iPhone 16 सीरीज पs मिल रहल ई ऑफर बढ़िया मवका साबित हो सकेला।

Read Also: Bihar Government : बिहार में नया सरकार के लेके तेज भइल हलचल: भाजपा शिवराज चौहान के बनवलस पर्यवेक्षक

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-