Bihar Government : बिहार में नया सरकार के लेके तेज भइल हलचल: भाजपा शिवराज चौहान के बनवलस पर्यवेक्षक

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 12, 2026

पटना। बिहार में नया सरकार के गठन के लेके राजनीतिक हलचल तेज हो गइल बा। खबर बा कि 15 अप्रिल के राज्य में नया सरकार के गठन हो जाई। एह सिलसिला में आज सीएम हाउस

Share

पटना। बिहार में नया सरकार के गठन के लेके राजनीतिक हलचल तेज हो गइल बा। खबर बा कि 15 अप्रिल के राज्य में नया सरकार के गठन हो जाई। एह सिलसिला में आज सीएम हाउस में एगो महत्वपूर्ण बैठक होखे वाला बा, जवन खातिर भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) आ जनता दल यूनाइटेड (जदयू) के सब विधायकन के पटना में मवजूद रहे के निरदेस दे दिहल गइल बा।

एह बैठक में मंत्रिमंडल विस्तार, मंत्री लोग के संख्या आ विभाग के बंटवारा पs चरचा होई। जानकारी के अनुसार, अगिला दू दिन में एह सब मुद्दा पs अंतिम फैसला हो सकेला।

शिवराज चौहान के मिलल बड़ जिम्मेदारी

केंद्रीय मंत्री शिवराज सिंह चौहान के पार्टी बड़ जिम्मेदारी सउपले बिया। बीजेपी के संसदीय बोर्ड उनका के बिहार में विधायक दल के नेता के चुनाव खातिर केंद्रीय पर्यवेक्षक नियुक्त कइले बिया। ई फैसला तब आइल बा जब नीतीश कुमार के राज्यसभा गइला के बाद नया सरकार बनावे के प्रक्रिया तेज हो गइल बा।

बीजेपी के राष्ट्रीय महासचिव अरुण सिंह अधिसूचना जारी कइले बाड़ें, जवना में शिवराज चौहान के नियुक्ति के पुष्टि कइल गइल बा।

14 अप्रिल के नीतीश कुमार दे सकत बाड़ें इस्तीफा

जदयू के राष्ट्रीय कार्यकारी अध्यक्ष संजय कुमार झा बतवले बाड़ें कि 13 अप्रिल के बाद नया सरकार के गठन के प्रक्रिया सुरू हो जाई। संभावना बा कि 13 अप्रिल के मवजूदा सरकार के आखिरी कैबिनेट बैठक हो सकेला। ओकरा बाद 14 अप्रिल के नीतीश कुमा राज्यपाल के आपन इस्तीफा सउप सकत बाड़ें।

एह सब के बाद एनडीए विधायक दल के बैठक होई, जवना में नया नेता के चुनाव कइल जाई। 15 अप्रिल के नया सरकार के शपथ ग्रहण कार्यक्रम प्रस्तावित बा।

डिप्टी सीएम के मुलाकात से बढ़ल अटकल

बिहार के डिप्टी सीएम सम्राट चौधरी आ विजय सिन्हा सनिचर के सांझ सीएम आवास पहुंचल रहलें। उनका संगही मंत्री लखेंद्र मवजूद रहलें। करीब आधा घंटा तक सब लोग नीतीश कुमार से मुलाकात कइलस।

राजनीतिक जानकारन के माने तs ई मुलाकात साधारण ना रहे, बलुक बिहार में कवनो बड़ राजनीतिक बदलाव के संकेत दे रहल बा।

Read Also: Amarnath Yatra : बाबा बर्फानी के भक्तन खातिर बड़ खबर: 3 जुलाई से अमरनाथ यात्रा सुरू, 28 अगस्त तक दर्शन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.