जम्मू-कश्मीर के अनंतनाग में भीषण सड़क हादसा, खाई में कार गिरले से 5 लईकन सहित 8 के मउत

Share

 

 

जम्मू कश्मीर के अनंतनाग जिला में भारी सड़क हादसा भइल बा। सड़क दुर्घटना में 8 लोग के मउत हो गईल। मरे वाला में पांच बच्चा भी शामिल बाड़े। ई हादसा दक्षिण कश्मीर के अनंतनाग जिला के कोकरनाग के डक्सुम इलाका के लगे भइल. जहवाँ एगो कार में सवार सभे 8 लोग खाई में गिर के मउत हो गईल।

गाड़ी जम्मू के किश्तवाड़ से आवत रहे

पुलिस के कहनाम बा कि, जम्मू क्षेत्र के किश्तवाड़ से रजिस्ट्रेशन नंबर JK03H9017 वाला सूमो गाड़ी आवत रहे। नियंत्रण खो के सड़क से नीचे लुढ़क के डक्सुम के लगे एगो खाई में गिर गईल। एs दुर्घटना में 8 लोग के मउत हो गईल, जवना में 5 बच्चा, दु महिला अवुरी एगो पुरुष पुलिसकर्मी शामिल बाड़े।

पुलिस मामला के जांच शुरू कs देलस

दुर्घटना के बाद पुलिस मउका पs पहुंच के लाश के बाहर निकलस। पुलिस एs मामला में मामला दर्ज के जांच शुरू कs देले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि दुर्घटना के कारण का रहे? एकर पता लगावल जा रहल बा. दुर्घटना के बाद गाड़ी पूरा तरह से क्षतिग्रस्त हो गईल बा।

पुलिसकर्मी अपना बच्चा के संगे गाड़ी में सवार रहे

एs दुर्घटना के बारे में अवुरी जानकारी देत ​​पुलिस अधिकारी बतवले कि पुलिसकर्मी इम्तियाज अहमद अपना पांच बच्चा अवुरी दु महिला के संगे एगो कार में सफर करत रहले, एही बीच किश्तवाड़-अनंतनाग सड़क पs अराशान जगह पs दुर्घटना भईल। एकरा बाद गाड़ी खाई में गिर गईल। मृतक इम्तियाज किश्तवाड़ से मडवा किश्तवाड़ में अपना घर आवत रहले, जहां उs पुलिस ड्यूटी पs तैनात रहले।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-