Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देवघर में पुरान मकान गिरल, मलबा में फंसल लोगन के रेस्‍क्‍यू करे में जुटल NDRF; दु गो बच्चा- एगो मह‍िला बाहर निकालल गइलें

281

झारखंड के देवघर में आज सबेरे एगो बड़हन हादसा हो गइल बा। शहर के शिवगंगाई किनारे से सटल सीता होटल के लगे एगो पुरान मकान गिर गइल जवना में चार लोग के फंसे के पुष्टि हो गइल बा। स्थानीय लोग दु बच्चा के बाहर निकऽलले। एनडीआरएफ के टीम मौका पs बचाव अउरी राहत के काम में लागल बिया। डीएम सांसद ओहिज डेरा डलले बा लो।

देवघर शहर के शिवगंगाई के किनारे से सटल सीता होटल के लगे सीताकांत झा के पुरान तीन मंजिला मकान के ऊपर के दु मंजिल सबेरे जोरदार आवाज के साथे गिर गइल। घर में किरायेदार रहत रहले। जानकारी मिलते एनडीआरएफ के टीम राहत आ बचाव के काम शुरू कऽ देलस।

चार लोग के फंसला के पुष्टि हो गइल बा। जवना में बिहार से सटल दरदमरा निवासी सुनील कुमार यादव, पत्नी सोनी देवी अउरी बेटा सत्यम कुमार आ चाय के दोकान चलावे वाली पूनम देवी शामिल बाड़ी।

बचाव टीम के पहिला सफलता मिलल बा। मनिदत्त द्वारी के पत्नी अनुपमा देवी के मलबा से खींच के निकालल गइल बा।

सुनील कुमार यादव एगो निजी ड्राइवर हउवें, जवन बैंक के अधिकारी के गाड़ी चलावेले। पूनम के दुनो बच्चा सुहानी आ पिहू के लोग पहिलहीं से सुरक्षित निकाल लेले रहे। मौका पs डीसी, एसपी सांसद डेरा डलले बाड़े।

मौका पऽ एम्बुलेंस, फायर ब्रिगेड सहित कई गो टीम मौजूद 

उपायुक्त विशाल सागर सीता होटल के समीप बहुमंजिला भवन गिरला के घटना के संज्ञान लेत एनडीआरएफ अउरी स्वास्थ्य विभाग के टीम के घटना स्थल पs प्रत्यायोजित कइला के पुष्टि कइले बाड़े। बचाव के काम तेजी से हो रहल बा।

एकरा अलावा स्वास्थ्य विभाग के एम्बुलेंस टीम, फायर ब्रिगेड टीम आउर पुलिस के संगे-संगे मजिस्ट्रेट के ओर से बचाव के काम कइल जाता। साथहीं, भवन गिरला के चलते कुछ लोग के भीतर फंसला के संभावना के देखत एनडीआरएफ के टीम एहऽ जगह पs बचाव अभियान चलाव तिया।

जिला प्रशासन मलबा के नीचे फंसल लोग के बचावे खातिर राहत आ बचाव के काम कर रहल बिया, ताकि हर संभव सहयोग आ सहायता दिहल जा सके।

886030cookie-checkदेवघर में पुरान मकान गिरल, मलबा में फंसल लोगन के रेस्‍क्‍यू करे में जुटल NDRF; दु गो बच्चा- एगो मह‍िला बाहर निकालल गइलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.