अमृतपाल सिंह : अमृतपाल सिंह फेरु पुलिस के चकमा देवे में कामयाब हो गईल, NRI के कोठी में 2 दिन ले ‘करवइलस ‘मेहमाननवाजी’, केयरटेकर के गईल दबोचल

Share

“वारिस पंजाब दे” के प्रमुख आ खालिस्तानी समर्थक अमृतपाल सिंह अबहियो पुलिस के हिरासत से बाहर बाड़न | एही बीच होशियापुर के एगो प्रवासी भारतीय के कोठी के देखभाल करे वाला के पुलिस गिरफ्तार क लेले बिया। बतावल जाता कि 28 मार्च के अपना करीबी दोस्त पपलप्रीत सिंह से अलग होखला के बाद अमृतपाल 31 मार्च ले होशियारपुर के शाम चौरसी गांव में बंद कोठी में शरण लेले रहले। जानकारी के मुताबिक कोठी के मालिक के भाई के कोठी के देखभाल करेवाला परिवार के ओर से फोन आईल रहे कि उनुका मेहमान खातीर कोठी खोलल जाए।

हालही में पुलिस एह सिलसिला में रायपुर गाँव में छापामारी कइले रहुवे आ युवक के हिरासत में लेबे के बाद कोठी के सील क दिहल गइल | पुलिस सीसीटीवी के डीवीआर अपने कब्जा में ले लेले बिया। कोठी के मालिकाना हक दु प्रवासी भारतीय भाई के ह, जवना में से एगो दुबई आ दूसरा जर्मनी में रहेले। केयरटेकर परिवार से गिरफ्तार युवक के कहनाम बा कि उनुका आ ओकरा परिवार के लोग के इ ना मालूम रहे कि मेहमान के ह।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-