[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर समाचार: जालसाज, शिक्षक के खाता से 1.20 लाख रुपए के गबन, पुलिस जांच में जुटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के शाहपुर निवासी आ जंगल धूसड़ महाराणा प्रताप कृषक इंटर कॉलेज के शिक्षक वेदानंद के खाता से एगो जालसाज 1.20 लाख रुपिया के गबन कइलस| मुख्यमंत्री जनता दरबार में शिकायत के बाद शाहपुर पुलिस मामला दर्ज क मामला के जांच शुरू क देले बिया।

जानकारी के मुताबिक वेदानंद तहरीर में लिखले बाड़े कि फरवरी में क्रेडिट कार्ड के ब्लॉक करे खातीर फोन आईल रहे। फोन करेवाला जानकारी देले कि उ आपके लिंक भेजतारे। ओह लिंक के मदद से रउरा क्रेडिट कार्ड बंद कर सकेनी | उ जाल में फंस गईले आ भेजल लिंक में विवरण भर देले। फेर तीसरा दिन साइबर अपराधी फोन कइलस |

फोन अईते ही मैसेज आईल कि पादरी बाजार के एसबीआई खाता से चार बेर 1.20 लाख रुपया काट लिहल गईल बा। मोबाइल पे मैसेज देख के मास्टर साहेब के होश उड़ गईल। जवना के बाद बैंक आ साइबर पुलिस में शिकायत कईले। एक महीना बाद जब कवनो कार्रवाई ना भईल त पीड़ित शिक्षक मुख्यमंत्री जनता दरबार से शिकायत कईले, जवना के बाद शाहपुर पुलिस बुधवार के मामला दर्ज क जांच शुरू क देलस।

एटीएम कार्ड बदल के खरीदारी, केस रजिस्टर

शाहपुर इलाका के राप्तीनगर फेज फोर चरगावां निवासी त्रिगुना नारायण सिंह शाहपुर पुलिस के शिकायत में आरोप लगवले कि चार दिन पहिले उ एटीएम कार्ड से पईसा निकाले के कोशिश करत रहले। एही बीच केहु एटीएम कार्ड बदल के जगदम्बा सुपर मार्केट के नाम पे हमरा खाता से 45 हजार रुपया के खरीददारी क देलस।

साभार- अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]