अमेरिकी सिख लोग के पीएम मोदी से निहोरा, भारतीय जेल में बंद कैदियन के जल्दी होखे रिहाई

Share

अमेरिका के सिख लोग प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के पत्र लिख के 30 साल से भारतीय जेल में बंद सिख कैंदियन के रिहा करे के निहोरा कइले बा। मोदी के लिखल पत्र में अमेरिका के सिख लोग जेल से रिहाई खातिर एगो समिति गठित कइलें अउर इहो भी पता लगाबे के निहोरा कइल कि केतना सिख जेल में बंद बानें। इहो आरोप लगावल गइल बा कि एहमें काफी अइसनो बा जे अदालत के आदेश पूरा कइले के बावजूद जेल में बंद बानें।

अतवार के एगो कार्यक्रम में विदेश मंत्री एस जयशंकर के सौंपल गइल पत्र में  आरोप लगावल गइल बा कि 80 और 90 के दशक में कांग्रेस के बनावल उग्रवादी माहौल में पंजाब में राजनीतिक संचालित अपराध कइलस। उन पर टाडा अउर कांग्रेस शासन के अन्य आतंकवाद विरोधी कठोर कानून के तहत मामला दर्ज कइलस।

सिक्ख्स ऑफ अमेरिका के अध्यक्ष जसदीप सिंह अउरी कमलजीत सिंह सोनी के हस्ताक्षर वाले पत्र में कहल गइल बा कि हर साल अलग-अलग राजनीतिक दल वोट हासिल करे खातिर जेल में बंद सिखन के रिहाई के मुद्दा उठावेने। चुनाव के बाद ई मामला ठंडा बस्ता में चल जाला, केहू सुध नाइ लेला।

अमेरिका के सिख लोग प्रधान मंत्री से एकर जांच खातिर एगो समिति बनवलें अउरी विभिन्न जेल में बंद सिखन के संख्या का पता लगावे के निहोरा कइलें। ई निहोरा एहलिए भी कइल गइल बा कि प्रधानमंत्री मोदी के नेतृत्व वाली सरकार विभिन्न मौका पर सिखन अउरी सिख गुरुअन के बलिदान दिवस मनावेने। अमेरिका के सिख लिखलें कि हम आपसे अनुरोध करतनी कि कृपया एह बंदी सिखन के क्षमा करीं अउर जे पीड़ित हवें अउर 30 साल से बेसी बरिस से जेल में बानें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-