अमेजन से निकालल जइहें 18000 कर्मचारी, कुल कार्यबल में 6% के होई कटौती

Share

आईटी क्षेत्र के दिग्गज कंपनी अमेजन 18,000 से अधिक नौकरी घटावल चाहsतिया। कंपनी ई कदम लागत में कटौती करे खातिर उठा रहल बा।

कंपनी के मुख्य कार्यकारी अधिकारी (CEO) एंडी जेसी कर्मचारियन के भेजल एगो नोट में कहनें कि प्रभावित कर्मियन के 18 जनवरी से एकर सूचना दीहल जाई। ई कटौती फर्म के लगभग 300,000 मजबूत कॉर्पोरेट कार्यबल के लगभग 6% ह।

अमेजन एतना बड़ छंटनी के शुरुआत करे वाला नयका बड़ आईटी कंपनी ह। मानल जा रहल बा कि कंपनी के ग्राहकन के अपना खर्च बढ़ले के कारण ओमें कटौती के फैसला कइलस जेसे कंपनी के भी छंटनी के फैसला लेवे के पड़ल। बता देईं कि प्रौद्योगिकी क्षेत्र के दिग्गज कंपनी पिछले साल ही कहले रहनें कि ऊ अपने कर्मचारियन के संख्या कम करिहें।

TAGS:

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-