तेल कंपनियन के बढ़ल मुश्किल; सरकार कच्चा तेल, ATF समेत डीजल पs बढ़वलस Windfall Tax

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2023

सरकार के ओर से कच्चा तेल पs विंडफॉल टैक्स के 1700 रुपिया प्रति टन से बढ़के 2100 रुपिया प्रति टन कs दिहल गइल बा। एकरा संगही डीजल पs निर्यात शुल्क पांच रुपिया से बढ़के 7.50

Share

सरकार के ओर से कच्चा तेल पs विंडफॉल टैक्स के 1700 रुपिया प्रति टन से बढ़के 2100 रुपिया प्रति टन कs दिहल गइल बा। एकरा संगही डीजल पs निर्यात शुल्क पांच रुपिया से बढ़के 7.50 रुपिया आ एविएशन टर्बाइन फ्यूल पs निर्यात शुल्क 1.5 रुपिया प्रति लीटर से बढ़ाके 4.5 रुपिया प्रति लीटर कs दिहल गइल बा।

बता दीं, विंडफॉल टैक्स के समीक्षा हर 15 दिन में केंद्रीय अप्रत्यक्ष कर आ सीमा शुल्क बोर्ड के ओर से कइल जाला। जारी कइल गइल दर 3 जनवरी, 2023 से प्रभावी बा।

पेट्रोल पs ना लागी निर्यात शुल्क

तेल कंपनियों खातिर राहत के बात ई बा कि सरकार पेट्रोल पs कवनो निर्यात शुल्क ना लगवलस। एकरा के शून्य पs कायम रखल गइल बा। सरकार ने जुलाई में पेट्रोल पs 6 रुपिया प्रति लीटर के निर्यात शुल्क लगवले रहे, जवना के बाद में समीक्षा के बाद हटा दिहल गइल रहे।

दिसंबर में कम कइल गइल रहे टैक्स

सरकार 15 दिसंबर के समीक्षा बैठक में कच्चा तेल पs विंडफॉल टैक्स 4,900 रुपिया प्रति टन से घटाके 1700 रूपिया प्रति टन कs दिहल गइल रहे। एविएशन टर्बाइन फ्यूल पs निर्यात शुल्क 5 रुपिया से घटाके 1.5 रुपिया कs दिहल गइल रहे। डीजल पs निर्यात शुल्क आठ रुपिया से घटाके पांच रुपिया कs दिहल गइल।

बता दीं, पहिला बेर जुलाई में तेल कंपनियन पs विंडफॉल टैक्स कच्चा तेल के अचानक दाम बढ़ल भइल मुनाफा के कम करे खातिर लगावल गइल बा। कच्चा तेल पs विंडफॉल टैक्स 23,250 रुपिया प्रति टन, एटीएफ आ पेट्रोल पs 6 रुपिया  प्रति लीटर आ  डीजल पs 13 रुपिया प्रति लीटर निर्यात शुल्क लगावल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.