IND W vs SL W : अमनजोत-दीप्ति के अर्धशतक आ गेंदबाजन के कमाल से भारत के महिला विश्व कप में विजयी आगाज

Amanjot Kaur and Deepti Sharma half-century partnership helps India beat Sri Lanka in Womens World Cup 2025

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय महिला क्रिकेट टीम ICC महिला वनडे वर्ल्ड कप के आपन सफर के सानदार सुरुआत कइले बिया। अमनजोत कौर आ दीप्ति शर्मा के जबरदस्त अर्धशतक आ गेंदबाजन के कमाल के प्रदर्शन के चलते भारत मंगर के श्रीलंका (IND W vs SL W) के 59 रन से हराके जीत हासिल कइलस।

भारत पहिले बल्लेबाजी करत 47वां ओवर में आठ विकेट पs 269 रन बनवलस। बारिश के चलते मैच के प्रति पारी 47 ओवर के कs दिहल गइल। श्रीलंका के टीम के डकवर्थ-लुइस नियम के तहत 271 रन के टारगेट मिलल, बाकिर ऊ 45.4 ओवर में 211 रन पs ढेर हो गइल। श्रीलंका खातिर कप्तान चमारी अटापट्टू सबसे जादे 43 रन बनवली। भारत खातिर दीप्ति बल्ला आ गेंद दुनु से कमाल कइली आ तीन विकेट लेली।

श्रीलंका के धीमी सुरुआत

श्रीलंका टीम के सुरुआत धीमा रहल। कप्तान अटापट्टू आ हसिनी परेरा पहिला विकेट खातिर 30 रन जोडल लोग, बाकिर ई रन सात ओवर में आइल। सातवां ओवर में हसिनी क्रांति गौड़ा के शिकार भइली। एकरा बाद अटापट्टू आ हर्षिता समाराविक्रमा साझेदारी बनावत रहे लोग, जवन खतरनाक लउकत रहे। बाकिर श्रीचरणी 15 वां ओवर के आखिरी गेना पs कप्तान के आउट कs दिहली आ श्रीलंका दबाव में आ गइल। ओह समय श्रीलंका 82 रन बनवले रहे। ओकरा बाद नियमित अंतराल पs विकेट गिरत गइल आ पारी ढेर हो गइल।

भारतीय पारी

भारत एक समय 121 रन पर पांच विकेट गंवा चुकल रहे। कप्तान हरमनप्रीत कौर, हरलीन देओल आ जेमिमा रोड्रिग्ज एके ओवर में आउट हो गइल लोग। 26वां ओवर फेंके आइल इनोका राणावीरा (4/46) तीन विकेट लेके भारत के बैकफुट पर धकेल देली।

टॉस जीतके श्रीलंका पहिले गेंदबाजी के फैसला कइलस। भारत खातिर स्मृति मंधाना जे हाले में ऑस्ट्रेलिया खिलाफ लगातार दुगो शतक मरले रहली, ऊ मात्र 8 रन पर आउट हो गइली। ओकरा बाद प्रतिका रावल (37) आ हरलीन (48) टीम के संभारल लोग। बाकिर राणावीरा फेरु भारत के संकट में डाल दिहली।

अमनजोत-दीप्ति के साझेदारी

जब टीम मुश्किल में रहे, तब अमनजोत आ दीप्ति टीम के मजबूती दिहल लोग। अमनजोत 56 गेना पs 56 रन (5 चौका, 1 छक्का) आ दीप्ति 53 गेना पs 53 रन (3 चौका) बनावल लोग। ई जोड़ी भारत खातिर टर्निंग प्वाइंट साबित भइल आ टीम 250 से अधिक रन बनावे में सफल भइल।

Read Also: Vivo T4x 5G : ₹11,999 में मिल रहल बा Vivo के धमाकेदार 5G फोन, 6500mAh बैटरी आ 50MP कैमरा सहित कइयन गो बेहतरीन फीचर्स

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-