Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जातीय जनगणना पs 1 जून के सर्वदलीय बइठक, BJP होई शामिल

720
Google Ads 300*250 for posts

बिहार में जातीय जनगणना के मुद्दा पs 1 जून के सर्वदलीय बइठक होई। JDU के वरिष्ठ नेता आ बिहार सरकार में मंत्री विजय चौधरी ई जानकारी देले । ऊ बतवले कि, ‘बइठक के अब भाजपा सहित तमाम दलन के रजामंदी मिल चुकल बा। पहिले ई बैठक 27 मई के होखे आला रहे, बाकिर एमे भाजपा के शामिल होखे पस संशय बनल रहे। अब भाजपा के बइठक में शामिल होखला के फसीला के बाद नाया तारीख तय कs दिहल गइल बा ।’

बता दीं, बिहने माने सोमार के नीतीश कुमार 27 मई के सर्वदलीय बइठक करे के बात कहले रहस। हालांकि, ऊ कहले रहस, ‘अभी सब दलन के बइठक ला बोलावल गइल बा, बाकिर सब पार्टियन के सहमति नइखे आइल। जइसही सभे के सहमति बनी, एह मुद्दा पs बइठक करेम।’

साभार: भास्कर

257530cookie-checkजातीय जनगणना पs 1 जून के सर्वदलीय बइठक, BJP होई शामिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.