Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

झारखंड में सियासी संकट: मुख्यमंत्री सोरेन के सदस्यता पर 3 बजे ले फैसला, लाभ के पद के मामला में चुनाव आयोग भेजलस राज्यपाल के पत्र

606
Google Ads 300*250 for posts

लाभ के पद के मामला में झारखंड के मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन पर चुनाव आयोग आपन राय गुरुवार के राजभवन भेज देहलस। अब राज्यपाल ही एह पर आखिरी फैसला लीहें। अभिन राज्यपाल रमेश बैस दिल्ली बानें। ऊ डेढ़ बजे ले रांची पहुंचिहें। बतावल जा रहल बा कि उ 3 बजे ले एह पर फैसला ले सकतने। फिलहाल एके ले के राजभवन में अफसर लोग के मीटिंग चल रहल बा।

का हो सकsता अगिले 48 घंटा में

राज्य में अगिला 48 घंटा में राजनीतिक उथल-पुथल होखले के अंदाजा लगावल जा रहल बा। चुनाव आयोग के एह फैसला के असर राज्य सरकार के सेहत पर पड़ल तय मानल जा रहल बा। सत्ताधारी यूपीए सब विकल्पन पर विचार क के ओह आधार पर स्ट्रेटजी बना रहल बिया। यूपीए खेमे में हेमंत के साथ अउरी हेमंत के सीएम नाइ रहले के स्थिति के ले के तैयारी कइल जा रहल बा।

जानीं अबले का का भइल

JMM विधायकन के बइठक बुलवलें बा। विधायकन के मुख्यमंत्री निवास पर पहुंचल शुरू हो गइल बा।
रांची के बीजेपी ऑफिस में हलचल तेज हो गइल बा। नेता लोग के पहुंचल अउरी मीटिंग के दौर चल रहल बा।
कांग्रेस सब विधायकन के रांची में रहे के निर्देश देहलें बा।
रांची एसएसपी अउरी डीआईजी ​​​​​​​सीएम हेमंत सोरेन से मिले पहुंचलें। सीएम के सचिव विनय चौबे भी मिले आइल रहने।

313110cookie-checkझारखंड में सियासी संकट: मुख्यमंत्री सोरेन के सदस्यता पर 3 बजे ले फैसला, लाभ के पद के मामला में चुनाव आयोग भेजलस राज्यपाल के पत्र

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.